खबर
Appearance
खबर (दूसर उच्चारण खबरि) भा सामाचार (News) हाल में भइल घटना के जानकारी होला। खबर आपस में लोग के मिले आ एकदुसरे से बातचीत से भी फइल सके ला आ बेवस्थित रूप से मीडिया, अखबार, टीवी, रेडियो वगैरह के प्रसारण द्वारा भी खबर के परसार हो सके ला। आम तौर पर खबर सभ के बिसय राष्ट्रीय अंतर्राष्ट्रीय राजनीति, बिदेसी संबंध, जुद्ध, समारोह, आबिस्कार, खेलकूद, आ मौसम संबंधी जानकारी होला। कौनों अप्रत्याशित घटना भी खबर के बिसय बन सके ला।
खबर के मुख्य मकसद जानकारी दिहल हवे आ अन्य मकसद हालिया जानकारी के आधार पर लोगन के बिबिध बिसय में आपन राय बनावे के सुबिधा दिहल हवे।