क्रिकेट बैट

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
बैट कर एगो छबि

क्रिकेट बैट क्रिकेट मे बैट्समैन के प्रयोग मे आवे अला एगो समान बाटे। ई दू भाग मे होला, एक भाग गोल काठ के होला जेने से खेलत बजी धाइल जाला आ दोसरा भाग सपाट आ चउडा होला जेकर मदद से गेना मारल जाला। एकर मानक लंबाई ३८ इंच आ चउड़ई सावा चार ईंच होखेला। १९७९ मे बनल नियम के चलते बैट खाली काठे के बन सकेला अउरी कुछु के ना।

बनाई[संपादन करीं]

क्रिकेट बैट के छिलाई

बैट के पटरा काठ के होला, जवन की जोन पटी से गेना के मारल जाला ओह पटी समतल रहेला आ दोसर ओरे तिरकोन लेखा उठल रहेला आ बीच मे बसी मोटहन होला। पारंपरिक रूप से बैट वीलो के काठ से बनेला, मुख रूप से वाइट वीलो (भोजपुरी: उज्जर वीलो) चाहे क्रिकेट बैट वीलो से बनावल जाला,जे विलो के एगो परकार होला। एहमे लाइनसीड के तेल पियावल जाला जेकरा से बैट हाली बाउर ना होखे। वाइट वीलो के परजोग एह से कईल जाला काहेकी ई बहुते हलुक आ बरियार होला।

बैट के पटरा (ब्लेड) एगो लाम हैंडल से जोड़ल रहेला। हैंडल प एगो रबर के ग्रिप लागल रहेला।