क्यूआर कोड

विकिपीडिया से
अंग्रेजी विकिपीडिया के मोबाइल मेन पेज ले ले जाए वाला क्यूआर कोड।

क्यूआर कोड (क्विक रिस्पांस कोड के संछेप) एक किसिम के मैट्रिक्स बारकोड (दू डाइमेंशन वाला बारकोड) हवे जे मशीन द्वारा पढ़ल जा सके ला आ जवना आइटम पर ई लागल रहे ला ओकरा बारे में जानकारी सहेजले राखे ला। बेहवार में, क्यूआर कोड में लोकेटर, पहिचानक (आइडेंटीफायर), चाहे ट्रैकर के डेटा शामिल होखे ला जे कौनों वेबसाइट भा एप्लिकेशन तक चहुंपावे के कामे आ सके ला। क्यूआर कोड चार किसिम के (नंबर वाला, अल्फान्यूमेरिक, बाइनरी, आ कांजी) एन्कोडिंग मोड के इस्तेमाल करे ला जे डेटा के बिधिवत स्टोर करे लें; एक्सटेंशन के भी इस्तेमाल हो सके ला।

क्यूआर कोड के आबिस्कार 1994 में मासाहिरो हारा द्वारा जापानी कंपनी देंसो वेव खातिर कइल गइल। एकरा फास्ट पढ़ल जा सके लायक होखले आ बेसी स्टोरेज क्षमता होखे के कारण ई इस्टैंडर्ड यूपीसी बारकोड के जगहा पर तेजी से पापुलर भइल। एकरा एप्लीकेशन में प्रोडक्ट के ट्रैकिंग, आइटम पहिचानक, टाइम ट्रैकिंग, डाकुमेंट मैनेजमेंट आ जनरल मार्केटिंग में इस्तेमाल शामिल बाटे। क्यूआर कोड के इस्तेमाल पेमेंट के खातिर भी पापुलर बाटे जेह में अइसन कोड के मोबाइल डिवाइस जैसे की स्मार्टफोन से कोड के स्कैन क के पेमेंट करे में हो रहल बाटे।

क्यूआर कोड में करिया रंग के चारखाना होखे लें जे खुद सुफेद रंग के बैकग्राउंड में एगो चौकोर आकृति में समाहित कइल गइल रहे लें आ एह में कुछ फिड्यूशियल चीन्हा (चित्र में जगह लोकेट करे वाला चीन्हा) होखे लें जिनहन के पढ़े वाली मशीन आ कैमरा द्वारा पढ़ल जा सके ला। स्टोर कइल डेटा के हासिल क के इंटरप्रेट कइल जाला जे डेटा एह कोड के चित्र में खड़ा-खाड़ी आ बेंड़ी- बेंड़ा चरखाना में स्टोर होलें।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]