Jump to content

कोरिलेशन

विकिपीडिया से
कोरिलेशन के कुछ उदाहरण देखावत ग्राफ
कोरिलेशन के कुछ उदाहरण

सांख्यिकी में, कोरिलेशन (correlation) अइसन माप हवे जे बतावे ला की दू गो वैरियेबल आपस में केतना जुड़ल बाने। एक वैरियेबल के आजाद वैरियेबल के रूप में लिहल जाला आ दुसरहा के डिपेंडेंट (निर्भर) वैरियेबल के रूप में, दुनों के बीच लीनियर निर्भरता के नाप कइल जाला आ ई बतावल जाला की डिपेंडेंट वैरियेबल फ्री वैरियेबल प केतना मात्रा में निर्भर बाटे।

कोरिलेशन के कई किसिम के माप करे के तरीका आ फार्मूला बाड़ें, जे अलग-अलग दशा आ जरूरत अनुसार इस्तेमाल कइल जा सके लें। स्पीयरमैन के रैंक ऑर्डर कोरिलेशन आ कार्ल पियर्सन के प्रॉडक्ट मूमेंट कोरिलेशन कोफिशियेंट सभसे चलनसार दू गो तरीका हवें। आमतौर प कोरिलेशन के माप, जेकरा के गिनती में बतावल जाला आ जे कोरिलेशन कोफिशियेंट कहाला, माइनस एक (-1) से प्लस एक (+1) के बीचा में होला - माइनस एक के मतलब होला भरपूर निगेटिव कोरिलेशन, प्लस एक के मतलब होला भरपूर पॉजिटिव कोरिलेशन आ जीरो (0) क मतलब होला कौन हूँ कोरिलेशन क अभाव।

कोरिलेशन के साथे कुछ गलतफहमी जुड़ल बाड़ीं - जइसे की आमतौर प इहो मान लिहल जाला की कौनों दू गो वैरियेबल में कोरिलेशन बाटे त ऊ आपस में कार्य-कारन संबंध के चलटे जुड़ल बाने, जबकि कोरिलेशन अइसन कवनों बात के माप ना हवे। कोरिलेशन कारनता (कॉजेशन) से अलग होला।

कोरिलेशन प डेटा के डिस्ट्रीब्यूशन क बहुत परभाव पड़े ला, ई वास्तव में तबे सार्थक माप साबित होला जब डेटा अपना औसत (स्टैटिस्टिकल मीन) के इर्द-गिर्द डिस्ट्रीब्यूट होखे, चाहे नॉर्मल डिस्ट्रीब्यूशन होखे।