Jump to content

किरितिमाती

विकिपीडिया से
Kiritimati (Christmas Island)
Photograph from the International Space Station
Photograph from the International Space Station
CountryKiribati
Island groupLine Islands
Area
  Total388.39 किमी2 (149.96 बर्ग मील)
Population
 (2015 जनगणना)
  Total6,447
  Density17/किमी2 (43/बर्ग मील)

क्रिसमस दीप (Kiritimati) प्रशांत महासागर में एक ठो दीप बा। ई एक ठो एटॉल हवे, यानि कि मूंगा के बनल चट्टान के समुंद्र के सतह से ऊपर उभर जाए के कारण बनल दीप हवे आ किरिबाती रिपब्लिक के हिस्सा हवे।

एकरा के कई बेर किरितिमाती उच्चारण कइल जाला, काहें से कि एकर अंग्रेजी में लिखल इस्पेलिंग से भ्रम होला, हालाँकि एकर स्थानीय उच्चारण क्रिसमस हवे।

क्रिसमस दीप दुनिया के सभसे बड़ा मूंगा निर्मित दीप (एटॉल) हवे आ लगभग 388 वर्ग किलोमीटर के एरिया वाला एह दीप के साथ बनल लैगून भी एही आकार के बाटे। एह एटोल के कुल किनारा लगभग 150 किलोमीटर लंबा बा आ एह में लैगून के किनारा करीबन 48 किलोमीटर बाटे। किरिबाती देस कुल 33 गो दीप सभ से मिल के बनल बा जेह में क्रिसमस दीप सभसे बड़ बाटे आ लगभग 70 प्रतिशत हिस्सा अकेल्ले एही दीप के बा। क्रिसमस दीप के कुल जनसंख्या साल 2015 में 6,447 रहल।