Jump to content

काल सेंटर

विकिपीडिया से

काल सेंटर चाहे कॉल सेंटर (अंग्रेजी: call centre/center) मैनेज कइल गइल क्षमता हवे जे कवनों सेंटर पर हो सके ला भा रिमोट जगह प हो सके ला जेकर इस्तेमाल टेलीफोन द्वारा बहुत ढेर पूछताछ (एन्क्वायरी) के रिसीव भा ट्रांसमिट करे खातिर कइल जाला। इनबाउंड कॉल सेंटर के संचालन कवनो कंपनी द्वारा कस्टमर लोग से आवे वाला प्रोडक्ट भा सर्विस के सपोर्ट करे चाहे जानकारी के पूछताछ के मैनेज करे खातिर कइल जाला। आमतौर पर आउटबाउंड कॉल सेंटर सभ के संचालन बिक्री के उद्देश्य से होला जइसे कि टेलीमार्केटिंग, धर्मादा भा राजनीतिक दान के मांग करे, कर्ज वसूली, बाजार अनुसंधान, आपातकालीन सूचना, आ जरूरी/गंभीर जरूरत के ब्लड बैंक नियर चीज। संपर्क सेंटर, कॉल सेंटर सभ के टेलीफोनी आधारित क्षमता सभ के अउरी बिस्तार हवे, अलग-अलग कम्युनिकेशन सभ के केंद्रीकृत हैंडलिंग के प्रबंधन करे ला, जवना में चिट्ठी, फैक्स, लाइव सपोर्ट सॉफ्टवेयर, सोशल मीडिया, इंस्टेंट मैसेज आ ईमेल सामिल बाड़ें।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]