कालका मंदिर, दिल्ली
Appearance
| श्री कालका जी मंदिर | |
|---|---|
| बेसिक जानकारी | |
| लोकेशन | मोहल्ला कालकाजी |
| धर्म/मत | Hinduism |
| देवता | काली (कालका) |
| तिहुआर | नवरातर |
| District | दक्खिन |
| राज्य | दिल्ली |
| देस | भारत |
| वेबसाइट | www |
| आर्किटेक्चर प्रकार | हिंदू मंदिर |
| मंदिर सभ | 1 |
कालका मंदिर भारत के राजधानी दिल्ली में एगो हिंदू मंदिर बा आ देवी काली (जिनके पंजाबी लहजा में कालका कहल जाला) एह मंदिर के मुख्य देवी हई। मंदिर के लोकेशन दखिनी दिल्ली में नेहरू प्लेस के लगे बा आ आसपास के इलाका के मंदिरवे के नाँव पर कालका जी मोहल्ला के रूप में जानल जाला। आवागमन के साधन के रूप में इहाँ कालकाजी मेट्रो स्टेशन बा, सभसे नजदीकी बस स्टैंड नेहरू प्लेस में बा आ नजदीकी रेलवे टीशन ओखला हवे।
प्रचलित मान्यता के मोताबिक एह मंदिर में मौजूद मूर्ती अपने-आप परगट भइल हवे आ सतजुग के जमाना के मानल जाले जब देवी रक्तबीज नियर दानवन के बिनास खाती काली के रूप धारण कइली।
| ई लेख कौनों धार्मिक स्थल या बिल्डिंग संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |