बुरान

विकिपीडिया से
(काराबुरान से अनुप्रेषित)

बुरान (अंग्रेजी: Buran)[1] एगो मजिगर तेज आ बहुत ठंढा लोकल हवा हवे जे मुख्य रूप से साइबेरियामंगोलिया में बहे ले। एकर बहाव के दिसा उत्तर-पुरुब से दक्खिन-पच्छिम के होला। बर्फीला तुफान नियर ई हवा ब्लिजार्ड नियर दसा पैदा करे ले आ जमीन से बरफ उड़ा लेले जेकरा चलते एह हवा के साथे बरफ के पैलेट (ice palette) उड़े लीं।

साइबेरिया के मुख्य इलाका के अलावा ई मध्य एशियाअलास्का में भी बहे ले। यूरेशियाई टुंड्रा इलाका में ई पर्गा (purga) के नाँव से जानल जाला आ अलास्का में एकरे के बर्गा (burga) हवा के नाँव से जानल जाला।[2]

काराबुरान[संपादन करीं]

मध्य एशिया में, मुख्य रूप से तारिम बेसिन में, एकरे से मिलत-जुलत एगो हवा काराबुरान (अंग्रेजी: karaburan)[3] चले ले; हालाँकि, एह में बरफ के बजाय धूर धक्कड़ रहे ला आ ई धूर के आन्ही नियर बहे ले जेकरा चलते आसमान करिया हो जाला; एही से एकरा के काराबुरान नाँव परल हवे — कारा माने करिया आ बुरान माने तुफानी हवा।[4]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Buran". ametsoc.org. अमेरिकन मौसमबिज्ञान सोसाइटी. Retrieved 30 अप्रैल 2022.
  2. "Wind of the World: Buran or Burga | weatheronline.co.uk". weatheronline.co.uk.
  3. Kotliakov, Vladimir Mikhaĭlovich and Komarova, Anna Igorevna (2006) Elsevier's dictionary of geography: in English, French, Spanish and German Elsevier, Boston, page 392, ISBN 978-0-444-51042-6
  4. "Buran". ametsoc.org. अमेरिकन मौसमबिज्ञान सोसाइटी. Retrieved 30 अप्रैल 2022.