कलौंजी मसाला

विकिपीडिया से

कलौंजी मसाला एक किसिम के भारतीय मसाला मिक्चर हवे जे कई गो साबुत मसाला के आइटम सभ के भूँज के आ दरदराह पीस के तइयार कइल जाला। एकर मुख्य इस्तेमाल तरह-तरह के सब्जी सभ के कलौंजी बनावे में होला। कलौंजी में भरे के अलावा एकरा के कुछ भुजिया सब्जी सभ में ऊपर से छिरक के कइल जा सके ला।

सामग्री[संपादन करीं]

कलौंजी मसाला में मुख्य आइटम सभ में धनिया, सौंफ, मेथी, मंगरइल, जीरा, आम के खटाई (अमचुर पावडर) आ हींग होला। खटाई आ हींग के पावडर के अलावे बाकी सब साबुत बीया सभ वाला मसाला के हलका भूँज के दरदरा पीस लिहल जाला आ ओकरे बाद खटाई आ हींग के पावडर मिला दिहल जाला।[1]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Gangay, Nivedita (18 जनवरी 2020). Homemade Goodness: A Complete Guide to a Healthier, Quicker and Simpler Homemade Food (अंग्रेजी में). Notion Press. ISBN 978-1-64733-897-8. Retrieved 3 दिसंबर 2021.