Jump to content

करइत

विकिपीडिया से

मनीयारा
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
Unrecognized taxon (fix): Sauropsida
ऑर्डर (Order):Squamata
Suborder:Serpentes
परिवार:Elapidae
जाति (Genus):Bungarus
प्रजाति: B. caeruleus
दूपद नाँव
Bungarus caeruleus
(Schneider, 1801)
अउरी दूसर नाँव

Pseudoboa caerulea Schneider, 1801
Bungarus candidus Var. CÆRULEUS Boulenger, 1896

मनीयारा चाहे करइत एगो बिखियाह सांप हते जे भारतीय उपमहाद्वीप मे भेंटाला। ई भारत के चारगो सभ से बेसी बिखियाह सांपन मे आवेला।

चिन्हासी

[संपादन करीं]
करइत

हेकर औसत लमाई 0.9 मी (3.0 फीट) होला, बाकीर ई 1.75 मी (5 फुट 9 इंच) जेतना बड़हन हो सकेला। नर सभ के पोंछि लाम होखेला। एकिनी के मुह चपाट होला आ नेटी बड़ी मुस्किल के लउकेला। देहि गोल होला आ पोंछि देने बढ़ला प पातर होखत चलि जाला। आँखि ननी चुकी होला आ चोञटा चमकेला।

देहि के रंग करिया चाहे करिया आ नीला के बीचे रहेला आ होपे उज्जर उज्जर धारी होखेला, बाकीर कबो कबो धारी नाहियो निरेखे के मिलेला।