कभी कभी मेरे दिल में

विकिपीडिया से
"कभी कभी मेरे दिल में"
मुकेशलता मंगेशकर के गीत
कभी कभी एल्बम से
रिलीज तारीख1976
रेकार्ड भइलमहबूब स्टूडियो, बांद्रा (वेस्ट),
मुंबई, भारत
बिधाफिल्मी गीत
लंबाई4:45
लेबलसारेगामा
गीत लेखकसाहिर लुधियानवी
प्रोड्यूसरख़य्याम

कभी कभी मेरे दिल में 1976 में आइल आ यश चोपड़ा के डाइरेक्ट कइल फिलिम कभी कभी के एगो गाना हवे। ई एह फिलिम के टाइटिल गीत हवे जेकरा के साहिर लुधियानवी लिखलें आ मुकेशलता मंगेशकर द्वारा गावल गइल।[1][2]

गीत के रिकार्डिंग महबूब स्टूडियो में भइल, महबूब खान के स्टूडियो में जे एगो जानल-मानल प्रोड्यूसर-डाइरेक्टर रहलें, आ अभिन लें ई गीत अपने आप में एगो बेहतरीन रचना के रूप में अस्थापित बा। ई गीतकार आ संगीतकार दुनों लोगन के बेहतरीन कृति मानल जाला; दुनों लोग एकरा खातिर फिल्मफेयर अवार्ड पावल।[3][4]

गीत के बारे में[संपादन करीं]

गीत के साहिर लुधियानवी के बेहतरीन रचना आ मास्टरपीस मानल जाला। मूल गाना एगो साहित्यिक नज़्म रहे जे उर्दू में उनके काव्य संग्रह तल्खियाँ में छपल रहल। हालाँकि, फिलिम खातिर एह गाना के दुबारा लिखल गइल आ एह में आसान शब्द के इस्तेमाल कइल गइल।

गीत के संगीत देवे के काम ख़य्याम कइलें आ गीत के मुकेश द्वारा गावल गइल। ई गीत मूल रूप से चेतन आनंद के एगो 1950 के फिलिम खातिर बनावल गइल रहल जे कबो रिलीजे ना भइल। ओह फिलिम में एकरा के गीता दत्त आ सुधा मल्होत्रा के आवाज में रिकार्ड कइल गइल रहल।

म्यूजिक बीडियो[संपादन करीं]

गीत के बीडियो में अमिताभ बच्चन आ राखी बा लोग जिनहन लोगन पर ई काश्मीर में शूट कइल गइल रहल, जाड़ा के सीजन में।

वर्शन[संपादन करीं]

गीत के मूल वर्शन साहित्यिक रहे[5] आ एकरा के फिलिम खातिर बहुत बदल दिहल गइल। एकरा के अउरी आसान बनावल गइल आ बेसी भावनात्मक आ संगीतमय बनावल गइल।

अवार्ड[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Kabhi Kabhie Music Review Planet Bollywood.com.
  2. "Kabhi Kabhie songs".
  3. Sahir: A poet par excellence Archived 5 नवंबर 2012 at the Wayback Machine इंडियन एक्सप्रेस, 8 मार्च 2006.
  4. "PM meets musician Khayyam". द टाइम्स ऑफ़ इंडिया. नई दिल्ली. पीटीआइ. 7 जुलाई 2006. Archived from the original on 25 October 2012. Retrieved 2 जुलाई 2013.
  5. Talkhiyan, Sahir Ludhianvi, 1985, Hali Publishing House, Delhi
  6. 1977 Filmfare Awards IMDb

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]