कबी

विकिपीडिया से

कबी अइसन ब्यक्ति होला लोग जे कबिता के रचना करे। अपना काब्यरचना से केहू खुद के भी कबी बता सके ला आ अउरी दूसर लोग भी केहू के कबी के रूप में मान सके ला। कबी लोग खाली कबितई करे वाला रचनाकार भी हो सके ला आ कुछ लोग आपन रचना के जनता के सोझा पढ़े भा गावे वाला प्रस्तुतकर्ता कलाकार भी हो सके ला।