ओपनस्ट्रीटमैप

विकिपीडिया से
ओपनस्ट्रीटमैप
OpenStreetMap
ओपनस्ट्रीटमैप के होमपेज जेह में दुनिया के नक्शा देखावल जा रहल बाटे
भाषा96 languages and variants,[1] local languages for map data
मूल देसयूनाइटेड किंगडम
मालिकओपनस्ट्रीटमैप फाउंडेशन
निर्मातास्टीव कोस्ट
प्रोडक्ट(सभ)Editable geographic data, tiled web map layer
वेबसाइटwww.openstreetmap.org
कॉमर्शियलना
रजिस्ट्रेशनयोगदान करे खातिर जरूरी, देखें खातिर ना
प्रयोगकर्ता (यूजर)10.6 मिलियन[2]
लॉन्च भइल9 अगस्त 2004; 19 साल पहिले (2004-08-09) [3]
वर्तमान स्थितिचालू
Content license
ओपन डेटाबेस लाइसेंस

ओपनस्ट्रीटमैप संछेप में ओएसएम (OSM) एगो फ्री (मुफ्त आ खुला) भौगोलिक डेटाबेस हवे जे खुला सहजोग के माध्यम से वालंटियर लोग के समुदाय द्वारा अपडेट आ मेंटेन कइल जाला। योगदानकर्ता लोग सर्वे से डेटा एकट्ठा करे ला, हवाई इमेज से ट्रेस करे ला आ अउरियो दूसर आजाद रूप से लाइसेंस वाला जियोडाटा सोर्स सभ से आयातो करे ला। ओपनस्ट्रीटमैप के ओपन डाटाबेस लाइसेंस के तहत स्वतंत्र रूप से लाइसेंस दिहल गइल बा आ एकरे नतीजा के रूप में आमतौर पर एकर इस्तेमाल इलेक्ट्रॉनिक मैप बनावे, टर्न-बाय-टर्न नेविगेशन के जानकारी देवे, मानव इस्तेमाल कर्ता के मदद करे आ डेटा बिजुअलाइजेशन में मदद करे खातिर कइल जाला। ओपनस्ट्रीटमैप भौगोलिक फीचर सभ के स्टोर करे खातिर आपन खुद के टोपोलॉजी के इस्तेमाल करे ला जेकरा के बाद में अन्य जीआईएस फाइल फॉर्मेट सभ में एक्सपोर्ट कइल जा सके ला। ओपनस्ट्रीटमैप वेबसाइट खुदे अपने आप में ऑनलाइन मैप, जियोडाटा सर्च इंजन आ मैप एडिटर तीनों हवे।

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "openstreetmap-website/config/locales at master". Archived from the original on 28 February 2017. Retrieved 30 September 2019 – via GitHub.
  2. "OpenStreetMap Statistics". OpenStreetMap. OpenStreetMap Foundation. Archived from the original on 13 August 2021. Retrieved 10 Nov 2023.
  3. Foody 2017, p. 38.