ओपेन नालेज

विकिपीडिया से

ओपेन नालेज (अंग्रेजी: open knowledge उच्चारण: ऑपन नॉलेज; अरथ: खुला भा निरबाध ज्ञान) अइसन ज्ञान ह जे इस्तेमाल, दोबारा इस्तेमाल आ दोबारा सझिया करे चाहे बाँटे खातिर बिना कौनों कानूनी, सामाजिक, चाहे तकनीकी बाधा के उपलब्ध होखे। ओपेन नालेज से जुड़ल संस्था आ एक्टिविस्ट लोग अइसन मेथडोलॉजी आ सिद्धांत सभ के प्रस्ताव कइले बा जे ज्ञान के उत्पादन आ बितरण खुला तरीका से करे में सक्षम बनावे।

ई कांसेप्ट ओपेन सोर्स आ ओपेन डेफिनिशन से संबंधित ह, जेकर पहिला वर्शन के टाइटिल 'ओपेन नालेज डेफिनिशन' रहल आ ई ओपेन सोर्स डेफिनिशन से निकलल रहल। एकरा के अक्सरहा फ्री नॉलेज के साथे जोड़ के देखल जाला चाहे एहू नाँव से बोलावल जाला। हालाँकि, अंग्रेजी में फ्री (free) शब्द दू किसिम के अरथ देला - आजाद आ मुफ़्त; मने कि निरबाध भा बिना बाधा के आ बिना रुपिया-पइसा के खरच कइले हासिल हो जाए वाला। फ्री नालेज एह में से पहिला अरथ खातिर इस्तेमाल होला जब ई ओपन नालेज के संदर्भ में कहल जाला।

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]