ऑगस्टीन पिरेमस दे कैंडाल
ए॰ पी॰ दे केंडाल | |
---|---|
जनम | 4 फरवरी 1778 जेनेवा, स्विट्जरलैंड |
निधन | 9 सितंबर 1841 जेनेवा, स्विट्जरलैंड | (उमिर 63)
राष्ट्रीयता | स्विस |
काम के क्षेत्र | बनस्पति बिज्ञान, Agronomy, Phytogeography |
Known for | de Candolle system, '"Nature's War" के सिद्धांत |
पुरस्कार/सम्मान | रॉयल मेडल (1833) |
Author abbrev. (botany) | DC. |
ऑगस्टीन पिरेमस दे कैंडाल (Augustin Pyramus de Candolle) भा ए॰ पी॰ दे केंडाल (4 फरवरी 1778 – 9 सितंबर 1841) एगो स्विस बनस्पति बिज्ञानी रहलें। इनके नियुक्ति एगो हार्बेरियम में भइल आ जल्दिये ई एगो बनस्पति जाति (जीनस) के खोज करे में सफल भइलें। एकरा बाद ई पौधा आ बनस्पति सभ के बर्गीकरण करे के तरीका ईजाद कइलें।
इनके सभसे जादे परसिद्धि "प्रकृति के जुद्ध" के कांसेप्ट के कारण हवे जे चार्ल्स डार्विन के परभावित कइलस आ उनके नैचुरल सेलेक्शन के बिचार के मूल एही में देखल जाला। एह बिचार के तहत ई पौधा सभ में आपस में जगह आ संसाधन खाती होड़ लगावे के बात कहलें आ एकरा के आपसी जुद्ध के रूप में प्रस्तुत कइलेन।
मूल रूप से इनके रुची बनस्पति बिज्ञान आ वर्गीकरण में रहल, हालाँकि, ई अउरी कई क्षेत्र में भी काम कइलेन जइसे कि पैलियोबाटनी (पुराबनस्पति बिज्ञान), आर्थिक बनस्पति बिज्ञान, आ पौधाभूगोल (फाइटोज्याग्रफी) वगैरह।
इनके बेटा अलफोंस दे कैंडाल इनके काम के आगे बढ़ावे में जोगदान दिहलें आ कोपेन के जलवायु वर्गीकरण के आधार इनके द्वारा कइल पौधन के वर्गीकरण के मानल जाला।[1]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Joseph A. Mason (15 दिसंबर 2015). Physical Geography: The Global Environment. Oxford University Press. pp. 182–. ISBN 978-0-19-024686-0.
ई जीवनी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |