एल नीनो-सदर्न ऑसलेशन
एल नीनो-सदर्न ऑसलेशन[1] (southern oscillation: lit. 'दक्खिनी दोलन') (ENSO) बिचला आ पूरबी प्रशांत महासागर के उष्णकटिबंधीय हिस्सा में समुंद्र के सतह के तापमान में समय-समय पर होखे वाला बदलाव, आ एकरा चलते ट्रेड विंड्स के पैटर्न में होखे वाला बदलाव हवे जेवना से मुख्य रूप से पेरू के समुंद्रतटीय इलाका, आ बाद में सगरी उष्णकटिबंधीय आ उपोष्णकटिबंधीय इलाका सभ, के मौसम पर परभाव पड़े ला।
एह इलाका में समुंद्र के सतह के पानी के तापमान के आम दसा से बेसी होखे - समुंद्र के पानी बेसी गरम होखे - के फेज के एल नीनो आ एकरा उलटा अस्वाभाविक रूप से ठंडा होखे के चरण के ला नीना के नाँव से जानल जाला। दक्खिनी दोलन एकरे साथे-साथ आवे वाला वायुमंडलीय घटक हवे जे समुंद्र के तापमान में बदलाव के बाद हवादाब में बदलाव आ ओकरा चलते हवा के दिसा में बदलाव ह। एल नीनो के संघे उष्णकटिबंधीय पच्छिमी प्रशांत में हवा के सतह के दबाव आम दसा से बेसी हो जाला आ ला नीना में ई हवादाब असामान्य रूप से कम हो जाला। ई दुनों पीरियड कई महीना के होखे लें आ आमतौर पर हर कुछ साल (2 से 7 बरिस) पर रिपीट होखे लें आ हर पीरियड के तेजी, मजबूती अलग-अलग होला। एल नीनो आ ला नीना कवनों फेज न चल रहल होखे तब ऊ दसा सामान्य भा आम दसा होला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Definition of OSCILLATION". www.merriam-webster.com (अंग्रेजी में). 13 नवंबर 2023.
| ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |