एतिहाद एयरवेज

विकिपीडिया से

एतिहाद एयरवेज इ संयुक्त अरब अमीरात क ध्वज वाहक और दूसर सबसे बड़ (अमीरात की बाद) एयरलाइन ह। एकर प्रधान कार्यालय खलीफा सिटी में, अबू धाबी, अबू धाबी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा की पास में आइल बा। इतिहाद नवंबर 2003 में कार्य शुरू कइलस।[1]

इ एयरलाइन मिडिल ईस्ट, अफ्रीकायूरोप, एशिया, ऑस्ट्रेलिया एवं अमेरिका क 120 यात्री एवं मालवाहक गंतव्य स्थान पर प अपनी 122 एयरबस एवं बोईंग विमान की बेड़ा की साथ हर हफ्ता 1100 उड़ान भरेले। 2015 में एतिहाद 14.8 मिलियन यात्री लोगन क परिवहन कइलस, जवन की पिछला साल से 22.3% अधिका रहे। एतिहाद एयरवेज मध्य पूर्व में तीसरा सबसे बड़ा एयरलाइन ह।[2]

इ एयरलाइन आपन प्रमुख क्षेत्र यात्री परिवहन की अलावा एतिहाद हॉलीडेज एवं एतिहाद कार्गो भी संचालित करेले। 2015 में इ “एतिहाद एयरवेज पार्टनर्स” की नाम से खुद क एयरलाइन गठबंधन क स्थापना कइलस। अलीटालिया, जेट एयरवेज, एयर बर्लिन, निकी, एयर सर्बिया, एयर सेशेल्स और एतिहाद क्षेत्रीय एमें प्रमुख भागीदारी निभा के हवाई यात्री लोगन के ज्यादा विकल्प प्रदान कइलस।[3] 12 अक्टूबर 2016 के, स्काईट्रेक्स द्वारा एतिहाद एयरवेज क सब निप्पॉन एयरवेज, एशियाना एयरलाइंस, कैथे पैसिफिक, EVA एयर, गरूड़ इंडोनेशिया, हैनान एयरलाइंस, कतर एयरवेज और सिंगापुर एयरलाइंस की साथ-साथ 5 सितारा एयरलाइन की रूप में मूल्यांकन कइल गइल।

इतिहास[संपादन करीं]

जुलाई 2003 में संयुक्त अरब अमीरात की ध्वज वाहक की रूप में, एतिहाद एयरवेज शेख खलीफा बिन जायद अल नहयन द्वारा जारी कइल गइल रॉयल डिक्री द्वारा स्थापित कइल गइल रहे। इ AED500 लाख की शुरुआती चुकता पूंजी की साथ शुरू कइल गइल रहे। 5 नवंबर 2003 के अल ऐन क औपचारिक उड़ान भरले की साथ इ उड़ान सेवा प्रांरभ कइलस। 12 नवंबर 2003 के बेरुत क उड़ान भर के इ वाणिज्यिक परिचालन क शुरुआत कइलस।

फ़रवरी 2013 से, एयरलाइन दुनिया भर क 86 गंतव्य स्थान खातिर यात्री और कार्गो सेवा एवं आपन अबू धाबी में स्थित संचालन केंद्र चलावतिया।

2013 की दुबई एयरशो में, एतिहाद स्विस एयरलाइन कंपनी डार्विन एयरलाइन में 33.3% हिस्सेदारी खरीदले क घोषणा कइलस। डार्विन क मार्च 2014 से “एतिहाद क्षेत्रीय” की रूप में रीब्रांड कइल गइल। 1 अगस्त 2014 के, एतिहाद, इतालवी ध्वज वाहक अलीटालिया में € 560 मिलियन में 49% हिस्सेदारी लेवे खातिर सहमत हो गइल। इ सौदा 8 अगस्त 2014 के बंद भइल।

मई 2016 में, एकरी प्रबंधन संरचना में फेरबदल कइल गइल, एयरलाइन क मूल कंपनी एतिहाद विमानन समूह क मुख्य कार्यकारी अधिकारी की तौर पर जेम्स होगन क नियुक्ति कइल गइल।

पीटर बॉमगार्टनर, जवन की पूर्व में एयरलाइन क मुख्य वाणिज्य अधिकारी रह न, उ एयरलाइन क मुख्य कार्यकारी अधिकारी की रूप में पदभार संभाल लीह न, उ होगन के जवाबदेह रह न।

अगस्त 2016 में, एतिहाद एयरवेज अक्टूबर 2016 ले ओकर अल्माटी और लरनाका क रूट रद्द कइले क घोषणा क दिहलस।

कॉर्पोरेट मामला[संपादन करीं]

1 मुख्य ऑफिस[संपादन करीं]

एतिहाद, खलीफा सिटी, अबू धाबी में, अबू धाबी अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डे की पास आपन मुख्य कार्यालय बनवले बा। एतिहाद 2007 में आपन नया प्रधान कार्यालय और प्रशिक्षण केंद्र क व्यवस्था करे खातिर 183.6 मिलियन संयुक्त अरब अमीरात दिरहम ($ 50 मिलियन अमरीकी डॉलर) खर्च कइलस। नया प्रधान कार्यालय 2007 की अंत ले बना लिहले क तय भइल रहे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Official Website". etihad.com. Retrieved 2 दिसंबर 2016.
  2. "Etihad Airways Fleet". cleartrip.com. Retrieved 2 दिसंबर 2016.
  3. "Etihad Airways Partners plans to align global loyalty programmes". indiablooms.com. 17 November 2016. Archived from the original on 18 November 2016. Retrieved 5 December 2016.