एडगर एलन पो

विकिपीडिया से
एडगर एलन पो
1849 "Annie" daguerreotype of Poe
1849 "Annie" daguerreotype of Poe
जनमएडगर पो
(1809-01-19)जनवरी 19, 1809
बोस्टन, मैसाचुसेट्स, अमेरिका
निधनअक्टूबर 7, 1849(1849-10-07) (उमिर 40)
बाल्टीमोर, मैरीलैंड, अमेरिका
महतारी संस्थावर्जीनिया विश्वविद्यालय
(छोड़ दिहलें)
वेस्ट प्वाइंट
(बहरिया दिहल गइलें)
जीवनसाथीवर्जीनिया एलिजा क्लेम पो
दसखत

एलन एडगर पो (Edgar Allan Poe) 19 जनवरी 1809 - 7 अक्टूबर 1849 एगो अमेरिकी लेखक, कवि, संपादकसाहित्य के आलोचक रहलें जिनका के अमेरिका में रोमांटिक आंदोलन के हिस्सा मानल जाला। पो के उनकरा लिखल रहस्य वाली कहानी खातिर आ उनुकी कविता खातिर जानल जाला। पो के जासूसी आ रहस्य आधारित कहानी लिखे वाला लोगन में पहिला अस्थान बाटे आ उनहीं के बिज्ञान आधारित गल्प के शुरुआत करे वाला भी मानल जाला। ऊ एगो पहिला अइसन लेखक रहलें जे खाली लेखक की रूप में आपन जीवन बितावे के कोसिस कइल आ एही से आपन कमाई-धमाई करे के कारन हमेसा बहुत अभाव के जिनगी जियल।

एलन के जनम बोस्टन में भइल रहे आ उनुकर माई-बाबू दुनों जन एक्टर रहलें। उनुका पिताजी परिवार के छोड़ दिहलें जब जब एलन खाली साले भर के रहलें आ अगिला बरिस उनुकर महतारियो मरि गइली। अनाथ लरिका के एगो दूसर परिवार गोद लिहल बाकी कबो उनके कबो ठीक से अपना न पावल।

1827 में एलन आर्मी में चलि गइलें आ एही समय ऊ कविता लिखे भी शुरू कइलें आ एही साल उनुकर पहिला पुस्तक छपल जौना के नाँव टैमरलेन एंड अदर पोएम्स रहे। पो एकरी बाद गद्य में लिखे सुरू कइलें। 1835 में पो के बियाह भइल वर्जीनिया क्लेम नाँव की लइकी से। 1845 में उनुकर कविता द रावेन के सफलता मिलल आ अगिले बरिस उनुकर मेहरारू के निधन टीबी से हो गइल।

पो के लेखन से पुरा अमेरिके न बलुक दुनिया के लेखक लोग प्रभावित भइल आ उनुकर चलावल रहस्य वाली बिधा पुरा दुनिया में जोर पकड़लस। आजु भी उनकरा नाँव से एडगर पुरस्कार दिहल जाला जौना के रहस्य-कथा लिखे खातिर दिहल जाला।

संदर्भ[संपादन करीं]