Jump to content

ई-रिक्शा

विकिपीडिया से
(ई रिक्शा से अनुप्रेषित)
फाइबर बाडी वाला ई-रेक्सा

इलेक्ट्रिक रिक्शा ई-रिक्शा परिवहन के साधन बा जेकर इस्तेमाल तेजी से बढ़ रहल बा आ अब ऑटो-रिक्शा आ पैडल-रेक्सा के तुलना में एकरा के पसंद कइल जा रहल बा काहें की ई सस्ता बा आ पैडल-रेक्सा के तुलना में कम मेहनत वाला बा।

तीन पहिया वाला ई गाड़ी, इलेक्ट्रिक मोटर से चले ले जवन की 650 से 1400 वाट के होला। पावर के सोर्स के रूप में एह सभ में बैटरी लागल होले। अइसन रेक्सा कई देसन में चलन में आ रहल बाने हालाँकि, चीनभारत में इनहन के ढेर प्रोडक्शन हो रहल बा। भारत में लोकल बनल ई-रिक्शा आ चाइनीज, दुनों चलन में बाने।