इस्लाम के पाँच गो अरकान

विकिपीडिया से

इस्लाम के पाँच अरकान या अरकान अल इस्लाम पाँच गो अइसन काम हवें जे इस्लाम धर्म माने वाला हर ब्यक्ति खाती जरूरी हवें आ इनहन के इस्लाम धर्म के आधार मानल जाला। अरकान के शाब्दिक अर्थ खम्हा भा पिलर होला आ एह टर्म के मतलब ई होला कि ई अइसन पाँच को खम्हा हवें जिनहन पर इस्लाम धर्म टिकल बाटे। इनहन के बिबरन परसिद्ध जिब्रील के हदीस में मिले ला।

एह पाँच गो चीज भा काम में मुसलमान के जिनगी जियल, प्रार्थना कइल, जरूरतमंद के चिंता आ मदद, खुद के पबित्रता आ तीर्थजात्रा सामिल बा, अगर ब्यक्ति एह में सक्षम होखे। सुन्नी, शियाअहमदिया मुसलमान लोग एह पाँचों बात के धर्म के मूल हिस्सा माने ला हालाँकि शिया लोग इनहन के एह नाँव से ना बोलावे ला।

संदर्भ[संपादन करीं]