इस्कूल

विकिपीडिया से

इस्कूल (अंग्रेजी: school; हिंदी: विद्यालय; उर्दू: मदरसा) एक किसिम के शिक्षा देवे वाला संस्थान होला जे लड़िकन के पढ़ाई करे खातिर जगह आ माहौल देवे खातिर होला, जहाँ बिद्यार्थी मास्टर साहब लोगन द्वारा कुछ सीख-पढ़ सके। अधिकतर देसन में लड़िका-लड़िकिन के पढ़ाई-लिखाई खातिर औपचारिक सिस्टम होखे ला, कई जगहा त ई अनिवार्य (कंपलसरी) होला। एह पढ़ाई लिखाई के औपचारिक सिस्टम में बिद्यार्थी छोट लेवल से ऊपर के लेवल ले कई इस्कूल सभ से हो के आगे बढ़े ला आ आपन शिक्षा पूरा करे ला। अलग-अलग देसन में कुछ हेरफेर के साथ आ अलग-अलग नाँव से अइसन शिक्षण संस्थान होखे लें। जइसे कि छोट लड़िकन खातिर प्राइमरी इस्कूल, ओकरा बाद सेकेंडरी इस्कूल आ एही तरीका से आगे कॉलेज आ यूनिवर्सिटी ले के पूरा बेवस्था होखे ले जेकरा से गुजर के निचला दर्जा से ले के ऊँच दर्जा तक ले के शिक्षा हासिल कइल जा सके ला।