Jump to content

इस्कूल

विकिपीडिया से
केरल के देहाती इलाका में एगो इस्कूल के बिल्डिंग

इस्कूल (school; हिंदी: विद्यालय; उर्दू: मदरसा) एक किसिम के शिक्षा देवे वाला संस्थान होला जे लड़िकन के पढ़ाई करे खातिर जगह आ माहौल देवे खातिर होला, जहाँ बिद्यार्थी मास्टर साहब लोगन द्वारा कुछ सीख-पढ़ सके। अधिकतर देसन में लड़िका-लड़िकिन के पढ़ाई-लिखाई खातिर औपचारिक सिस्टम होखे ला, कई जगहा त ई अनिवार्य (कंपलसरी) होला। एह पढ़ाई लिखाई के औपचारिक सिस्टम में बिद्यार्थी छोट लेवल से ऊपर के लेवल ले कई इस्कूल सभ से हो के आगे बढ़े ला आ आपन शिक्षा पूरा करे ला। अलग-अलग देसन में कुछ हेरफेर के साथ आ अलग-अलग नाँव से अइसन शिक्षण संस्थान होखे लें। जइसे कि छोट लड़िकन खातिर प्राइमरी इस्कूल, ओकरा बाद सेकेंडरी इस्कूल आ एही तरीका से आगे कॉलेजयूनिवर्सिटी ले के पूरा बेवस्था होखे ले जेकरा से गुजर के निचला दर्जा से ले के ऊँच दर्जा तक ले के शिक्षा हासिल कइल जा सके ला।