इलेक्ट्रिक कार

विकिपीडिया से
टेस्ला मॉडल एस एक जगह चार्जिंग इस्टेशन पर चार्ज होखत बा।
निसान लीफ, जनवरी 2018 तक ले , 300,000 से बेसी बिका चुकल बा।

इलेक्ट्रिक कार (Electric car) बिजली से चले वाली कार होला जेह में एक ठो भा एक से बेसी इलेक्ट्रिक मोटर लागल होला आ ई मोटर रिचार्ज करे लायक बैटरी से पावर ले के चले ला।

साल 2008 के बाद से इलेक्ट्रिक कार के क्षेत्र में भारी बढ़ती देखल गइल बा, एकर कारन बा बैटरी के क्षेत्र में नाया बिकास, डीजल-पेट्रोल के दाम में बढ़ती आ ग्रीनहाउस गैस के निकास कम करे के इच्छा। कई गो नेशनल सरकार आ लोकल सरकार सभ इनहन के बढ़ावा देवे खाती टैक्स क्रेडिट, सब्सिडी आ अउरी बिबिध किसिम के सुबिधा दे रहल बाड़ी सऽ।

इलेक्ट्रिक कार के चार्जिंग के काम चार्जिंग इस्टेशन पर कइल जा सकत बा आ अइसन इस्टेशन घरहूँ अस्थापित कइल जा सकत बा आ पब्लिक एरिया में जगह-जगह लगावल जा सकत बाने।[1] हाल के समय में, दू गो सभसे बेसी बिकाए वाली इलेक्ट्रिक कार के मॉडल, निसान लीफ़ आ दि टेस्ला मॉडल एस के चार्जिंग के बाद के रेंज क्रम से 151 मील (243 किमी) आ 335 मील (539 किमी) बाटे।[2][3]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "How to charge an electric car". Carbuyer (अंग्रेजी में). Retrieved 2018-04-22.
  2. "2018 Nissan Leaf electric car gets 151-mile EPA range rating". Green Car Reports (अंग्रेजी में). Retrieved 2018-04-22.
  3. Higgins, Tim (2017-01-20). "Tesla Boosts Range of All-Electric Model S to 335 Miles". Wall Street Journal (अंग्रेजी में). ISSN 0099-9660. Retrieved 2018-04-22.