आल्हा

विकिपीडिया से
A Structure in White
मिर्जापुर के चुनार किला में मौजूद सोनवा महल, कथा के मोताबिक हेइजे आल्हा आ सोनवा के बियाह भइल रहे

आल्हा उत्तरी भारत में चलनसार एगो लोकगाथा हवे। मुँहजबानी परंपरा में पीढ़ी-दर-पीढ़ी चलल आ रहल ई गीतगाथा आल्हाऊदल नाँव के दू गो बीर लोग के द्वारा लड़ल गइल बावन गो लड़ाई सभ के कहानी हवे आ गवैया ढोलक के साथ एह गीत कथा के सुनावे ला। मूल रचनाकार के रूप में जगनिक के आल्ह-खंड के रचयिता मानल जाला आ बतावल जाला कि परमाल रासो नाँव के बिसाल काब्य के खंड के रूप में ई हिस्सा रचल गइल रहल।

हालाँकि, वाचिक परंपरा में गावल-सुनल जाए वाली ई गीतगाथा, उत्तरी भारत के कई क्षेत्रीय भाषा सभ में मौजूद बा, उदाहरण खाती एकर भोजपुरी रूप सुन के ई ना कहल जा सके ला कि मूल रूप से ई कौनों दूसर इलाकाई भाषा के रचना हवे। एह गीत कथा के कुछ हिस्सा अंगरेज बिद्वान लोग एकट्ठा कइल आ अंग्रेजी अनुबाद छपवावल लोग। बाद में एकरा के हिंदी साहित्य में भी शामिल कइल गइल आ देवनागरी लिपि में एह रचना (बैसवारी-बुन्देली वाला रूप) के प्रकाशन भइल बा।

संदर्भ[संपादन करीं]