आदिवासी

विकिपीडिया से

आदिवासी भारतीय उपमहादीप में कुछ बिबिध बिसमरुपी जनसमूह सभ के कहल जाला।[1][2][3][4] ई शब्द संस्कृत के हवे जे 1930 के दशक में राजनीतिक कार्यकर्ता लोग द्वारा एह समूह सभ के लोगन के मूल-निवासी होखला के दावा करे आ भारत के मूल-निवासी पहिचान देवे खातिर गढ़ल गइल।[5] ई शब्द कई ठे जातीय (एथनिक) अल्पसंख्यक लोग खातिर भी प्रयोग होला, जइसे कि बांग्लादेश के चकमा, नेपाल के भूमिपुत्र खस, आ श्रीलंका के वेद्दा। भारत के संविधान में आदिवासी शब्द के प्रयोग कतहीं ना कइल गइल बा, एकरे बजाय अनुसूचित जनजातिजनजाति के जिकिर कइल गइल बा।[6] भारत सरकार जनजाति (ट्राइब) के मूल-निवासी (इंडीजीनस) के रूप में आधिकारिक तौर प मान्यता ना देवे ले। ई देस संयुक्त राष्ट्र के मूल निवासी आ आदिवासी लोग पर अंतर्राष्ट्रीय श्रम संगठन (ILO) के कन्वेंशन 107 (1957) के अनुमोदन कइलस आ ILO कन्वेंशन 169 पर हस्ताक्षर करे से इनकार क दिहलस।[4] एह में से ज्यादातर समूह सभ के भारत में संवैधानिक प्रावधान सभ के तहत अनुसूचित जनजाति श्रेणी में सामिल कइल जाला।[6]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Engin F Isin (2015). Citizenship After Orientalism: An Unfinished Project. Taylor & Francis. p. 213. ISBN 978-1-317-68137-3. Widely addressed as tribals, Adivasis are heterogeneous groups spread all over the nation having different languages and group identities.
  2. Isin, Engin (2016). Citizenship after Orientalism: Transforming Political Theory. Palgrave Studies in Citizenship Transitions. Palgrave Macmillan UK. p. 202. ISBN 978-1-137-47950-1. 'Adivasi' literally means 'original inhabitant', and it refers to heterogeneous tribal groups living all over the subcontinent.
  3. Encyclopædia Britannica, Adivasi
  4. 4.0 4.1 Rousseleau, Raphael (7 February 2013). "Claiming Indigenousness in India". Books & Ideas.
  5. Robert Harrison Barnes; Andrew Gray; Benedict Kingsbury (1995), Indigenous peoples of Asia, Association for Asian Studies, ISBN 978-0-924304-14-9, retrieved 2008-11-25, The Concept of the Adivāsi: According to the political activists who coined the word in the 1930s, the 'adivāsis' are the original inhabitants of the Indian subcontinent ...
  6. 6.0 6.1 "We are 'Scheduled Tribes', not 'Adivasis'". Forwardpress. 26 October 2018. Retrieved 28 September 2022.