आईपी पता

विकिपीडिया से

इंटरनेट प्रोटोकॉल पता (IP address) एगो संख्यात्मक लेबल हवे जइसे कि 192.0.2.1 जे कंप्यूटर नेटवर्क से जुड़ल होला जवन संचार (कम्युनिकेशन) खातिर इंटरनेट प्रोटोकॉल के इस्तेमाल करे ला। आईपी पता दू गो मुख्य काम करे ला: नेटवर्क इंटरफेस के पहिचान आ लोकेशन के पता बतावे के काम (एड्रेसिंग)।

इंटरनेट प्रोटोकॉल वर्शन 4 (IPv4) आईपी पता के 32-बिट नंबर के रूप में परिभाषित करे ला। हालाँकि, इंटरनेट के तेजी से बढ़ती आ उपलब्ध IPv4 पता सभ के खतम होखे के कारन, IP के एगो नया संस्करण (IPv6), जेह में आईपी पता खातिर 128 बिट के इस्तेमाल कइल गइल बाटे, के 1998 में मानकीकरण कइल गइल। आईपीवी 6 के तैनाती 2000 के दशक के बीच से समय से चल रहल बा।

आईपी पता सभ के मनुष्य द्वारा पढ़े लायक संकेत के इस्तेमाल से लिखल आ देखावल जाला, जइसे कि IPv4 में 192.0.2.1, आ IPv6 में 2001:db8:0:1234:0:567:8:1 के रूप में होलें। पता के रूटिंग उपसर्ग के साइज के CIDR संकेतन में पता के पाछे जुड़े वाला सिग्निफिकेंट बिट के संख्या लगा के निर्धारित कइल जाला, जइसे कि, 192.0.2.1 / 24, जवन ऐतिहासिक रूप से इस्तेमाल होखे वाला सबनेट मास्क 255.255.255.0 के बराबर होला।

आईपी पता स्पेस के मैनेजमेंट बैस्विक स्तर पर इंटरनेट असाइन्ड नंबर अथॉरिटी (IANA) द्वारा कइल जाला, आ पाँच गो क्षेत्रीय इंटरनेट रजिस्ट्री (RIR) द्वारा कइल जाला जे अपना निर्धारित इलाका में लोकल इंटरनेट रजिस्ट्री सभ में असाइनमेंट करे खातिर जिम्मेदार होलें, जइसे कि इंटरनेट सेवा प्रदाता (ISP), आ अउरी अंतिम माथ पर मौजूद उपयोगकर्ता लोग। IPv4 पता सभ के IANA द्वारा आरआईआर सभ में हर एक के लगभग 16.8 मिलियन के ब्लॉक में बितरित कइल रहल, बाकी 2011 से ई इस्तेमाल हो के चुक गइल। खाली अफ्रीका अइसन जगह बाटे जहँवाँ स्थानीय असाइनमेंट खातिर अभिन ले आरआईआर के आपूर्ति मौजूद बा।[1] कुछ IPv4 पता निजी नेटवर्क खातिर आरक्षित होलें आ ग्लोबल रूप से यूनीक ना होखे लें।

नेटवर्क प्रशासक लोग नेटवर्क से जुड़ल हर डिवाइस के एगो आईपी पता देवे ला। अइसन असाइनमेंट नेटवर्क के प्रथा आ सॉफ्टवेयर फीचर सभ के आधार पर स्थिर (फिक्स्ड भा स्थायी) भा डायनामिक आधार पर हो सके ला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "IPv4 Address Report". ipv4.potaroo.net.