आइएसओ 639-3

विकिपीडिया से

आइएसओ 639-3:2007 (ISO 639-3:2007), भाषा सभ के नाँव के रिप्रेजेंटेशन खातिर कोड – भाग 3: भाषा सभ के कंप्रीहेंसिव कभरेज खाती अल्फा-3 कोड, भाषा सभ खातिर बनावल एगो इंटरनेशनल स्टैंडर्ड हवे आ ई भाषा कोड सभ के ISO 639 सीरीज के हिस्सा हवे। एह कोड सभ में तीन अच्छर के इस्तेमाल द्वारा भाषा सभ के पहिचान होला। ई मानक कोड सभ पहिली बेर इंटरनेशनल स्टैंडर्ड ऑर्गेनाइजेशन (आइएसओ) द्वारा 1 फरवरी 2007 के प्रकाशित कइल गइल रहलें।[1]

आइएसओ 639-3 के इस्तमाल से आइएसओ 639-2 अल्फ़ा-3 कोड सभ के बिस्तारित कइल गइल बा जवना से कि सगरी अब तक ले मालुम प्राकृतिक भाषा सभ के कभर कइल जा सके। एह कोड सभ के निर्माण में मूल रूप से एथनोलॉग (भाग 10-14) कोड के इस्तमाल कइल गइल रहे आ वर्तमान में इहे एह कोड सभ खातिर रजिस्ट्रेशन के अथौरिटी बा।[2] एह कोड के लिस्ट द्वारा, जहाँ तक संभव होखे सगरी भाषा, जीवित भा बिलुप्त, सभ के गिनती में लेवे के कोसिस कइल गइल बा।[1] हालाँकि, एह में दुबारा कंस्ट्रक्ट कइल भाषा सभ, जइसे कि प्रोटो-इंडो-यूरोपियन, वगैरह के ना सामिल कइल गइल बाटे।[3]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 "ISO 639-3 status and abstract". iso.org. 2010-07-20. Retrieved 2012-06-14.
  2. "Maintenance agencies and registration authorities". ISO.
  3. "Types of individual languages – Ancient languages". sil.org. Retrieved 2015-10-28.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]