आइएसओ 639-2
Appearance
आइएसओ 639-2 (ISO 639-2:1998), भाषा सभ के नाँव के रिप्रेजेंटेशन खातिर कोड — भाग 2: अल्फ़ा-3 कोड, भाषा सभ खातिर आइएसओ 639 सीरीज के इंटरनेशनल स्टैंडर्ड सभ के दुसरा भाग हवे। एह में बिस्व की अलग-अलग भाषा सभ खातिर तीन अच्छर के कोड निस्चित कइल गइल बाड़ें। एह लिस्ट में कुल 464 गो कोड सामिल बाड़ें।
अमेरिका के लाइब्रेरी ऑफ कांग्रेस एह रजिस्ट्रेशन सभ खातिर अथौरिटी हवे आ इहे अइसन प्रस्ताव वगैरह के समीक्षा करे ले जेह में एह लिस्ट में नाया भाषा आ कोड जोड़े भा बदलाव करे खातिर प्रस्तुत कइल जालें। लाइबरेरी ऑफ कांग्रेस एह कोड सभ के मेंटेन करे खाती बनल ज्वाइंट कमेटी में भी सामिल बा जेकरा के आइएसओ 639-आरए ज्वाइंट एडवाइजरी कमेटी कहल जाला। ई कमिटी आइएसओ 639 कोड सारिणी सभ के रखरखाव के काम करे ले।