अल्ला

अल्ला भा अल्लाह[1][2] अरबी: الله) अल्लाह अरबी भाषा के एगो शब्द हवे जे ईश्वर भा भगवान खातिर इस्तेमाल होला, खासकर के इब्राहिमी धर्म सभ के भगवान के मतलब में इस्तेमाल होला। मध्य पूर्व के बाहर, एकर मुख्य रूप से इस्लाम से नाता जोड़ल जाला, जहाँ एकरा के खुदा के सही नाम मानल जाला। बाकिर, ई शब्द इस्लाम से पहिले के अरब में भी इस्तेमाल होखे आ आजुओ अरबी बोलावे वाला लोग, चाहे ऊ यहूदी होखे, ईसाई होखे या कोई अउरी इब्राहीमी धरम माने वाला, एकर उपयोग करेला।[3][4][5][6]
मानल जाला कि "अल्लाह" शब्द "अल-इलाह" (الاله, मतलब 'भगवान') से संक्षिप्त होके बनल बा आ ई अउरी सेमिटिक (Semitic) भाषा सभ में भगवान के नाँव से जुड़ल बा, जइसे अरामाइक (ܐܲܠܵܗܵܐ ʼAlāhā) आ हिब्रू (אֱלוֹהַּ ʾĔlōah) में।[7][8]
आज के समय में "अल्लाह" शब्द एक भगवान के सर्वोच्चता आ एकता के दर्शावे लागल बा,[9] बाकिर इस्लाम के पहिले अरब लोग के बीच, अल्लाह एगो सभसे बड़हन देवता मानल जाँय आ इनका साथे अउरी छोट-छोट देवता लोग के भी पूजा होखे।[10] कई यहूदी, ईसाई आ शुरुआती मुस्लिम "अल्लाह" आ "अल-इलाह" शब्द के आपस में बदल-बदल के इस्तेमाल करे ला। ई शब्द बाबी, बहाई, मंदाई, इंडोनेशियाई ईसाई, माल्टीज़ ईसाई, सेफार्डिक यहूदी,[11][12][13] आ गागाउज लोग भी इस्तेमाल करेला।[14]
हालाँकि ई एगो अरबी शब्द ह, आ इस्लामी आ गैर-इस्लामी दुनु लोग एकरा के इस्तेमाल करेला, बाकिर गैर-अरबी इस्लामी दुनिया में गैर-मुसलमान लोग के एकरा इस्तेमाल करे पर विवाद रहल बा। खासकर के मलेशिया में, जहाँ एगो समय पर गैर-मुसलमान लोग खातिर "अल्लाह" शब्द के इस्तेमाल गैरकानूनी बना दिहल गइल, काहे कि ईसाई आ सिख समुदाय एकरा इस्तेमाल करत रहलें, बाकिर बाद में 2021 में ई रोक हटा दिहल गइल।ref>Sikhs target of 'Allah' attack, Julia Zappei, 14 January 2010, The New Zealand Herald. Accessed on line 15 January 2014.</ref>[15][16]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Allah". Random House Webster's Unabridged Dictionary.
- ↑ "Allah - definition of Allah in English from the Oxford dictionary". oxforddictionaries.com.[मुर्दा कड़ी]
- ↑ "God". Islam: Empire of Faith. PBS. Archived from the original on 27 March 2014. Retrieved 18 December 2010.
- ↑ "Islam and Christianity", Encyclopedia of Christianity (2001): Arabic-speaking Christians and Jews also refer to God as Allāh.
- ↑ Gardet, L. "Allah". In Bearman, P.; Bianquis, Th.; Bosworth, C.E.; van Donzel, E.; Heinrichs, W.P. (eds.). Encyclopaedia of Islam Online. Brill Online. Retrieved 2 May 2007.
- ↑ Merriam-Webster. "Allah". Merriam-Webster. Archived from the original on 20 April 2014. Retrieved 25 February 2012.
- ↑ Zeki Saritoprak (2006). "Allah". In Oliver Leaman (ed.). The Qur'an: An Encyclopedia. Routledge. p. 34. ISBN 978-0-415-32639-1.
- ↑ Vincent J. Cornell (2005). "God: God in Islam". In Lindsay Jones (ed.). Encyclopedia of Religion. Vol. 5 (2nd ed.). MacMillan Reference USA. p. 724.
- ↑ Christian Julien Robin (2012). Arabia and Ethiopia. In The Oxford Handbook of Late Antiquity. OUP USA. pp. 304–305. ISBN 978-0-19-533693-1.
- ↑ Anthony S. Mercatante & James R. Dow (2004). "Allah". The Facts on File Encyclopedia of World Mythology and Legend. Facts on File. p. 53. ISBN 978-1-4381-2685-2.
- ↑ "Allah." Encyclopædia Britannica. 2007. Encyclopædia Britannica
- ↑ Encyclopedia of the Modern Middle East and North Africa, Allah
- ↑ Willis Barnstone, Marvin Meyer The Gnostic Bible: Revised and Expanded Edition Shambhala Publications 2009 ISBN 978-0-8348-2414-0 page 531
- ↑ Carl Skutsch (2005). Encyclopedia of the World's Minorities. Routledge. p. 480.
- ↑ Malaysia court rules non-Muslims can't use 'Allah', 14 October 2013, The New Zealand Herald. Accessed on line 15 January 2014.
- ↑ Malaysia's Islamic authorities seize Bibles as Allah row deepens, Niluksi Koswanage, 2 January 2014, Reuters. Accessed on line 15 January 2014. [1]
![]() | ई इस्लाम-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |