Jump to content

अंटार्कटिका

विकिपीडिया से
(अन्टाकर्टिका से अनुप्रेषित)
अंटार्कटिका
This map uses an orthographic projection, near-polar aspect. The South Pole is near the center, where longitudinal lines converge.
क्षेत्रफल14,000,000 किमी2 (5,400,000 वर्ग मील)[1]
जनसंख्या1,106
जनघनत्व0.00008/किमी2 (0.0002/बर्गमील)
निवासी-नाँवअंटार्कटिक
देस सभ0
इंटरनेट टीएलडी.aq
बड़हन शहरअंटार्कटिका के रिसर्च इस्टेशन

अंटार्कटिका या अंटार्टिका (Antarctica /æntˈɑːrktɪkə/ या /æntˈɑːrtɪkə/)[नोट 1] पृथिवी के सभसे दक्खिनी महादीप बा, जेवना पर दक्खिनी ध्रुव स्थित बाटे। ई लगभग पूरा का पूरा अंटार्कटिक वृत्त की दक्खिन ओर स्थित बाटे आ चारों ओर से दक्खिनी महासागर से घेराइल बाटे। ई दुनियाँ के पाँचवा सभसे बड़हन महादीप हवे आ क्रम से एशिया, अफिरका, उत्तरी अमेरिका आ दक्खिनी अमेरिका की बाद आवेला। एकर कुल एरिया 140 लाख बर्ग किलोमीटर बाटे। एकर 98% हिस्सा बरफ से तोपाइल रहेला जौना के औसत मोटाई 1.9 किलोमीटर बा।[4]

अंटार्कटिका दुनिया के सभसे ठंढा, सूखा आ सभसे तेज हवा वाला महादीप ह आ एकर औसत ऊँचाई बाकी कुल महादीपन ले ढेर बाटे।[5] अंटार्कटिका में वर्षण बहुत कम होला आ खाली किनारा वाला इलाका में होला एही से एके रेगिस्तान मानल जाला।[6] इहाँ के तापमान −89 °C (−129 °F) ले रेकार्ड कइल जा चुकल बाटे। इहाँ खराब मौसम दशा की कारण केहू आदमी हमेशा खातिर नइखे बसल आ खाली बैज्ञानिक रिसर्च करे खातिर इहाँ लोग रहेला। इहाँ की जीव बिबिधता में गिनावल जाय त कुछ एल्गी, बैक्टीरिया, फंगस, पौधा आ कुछ बहुत छोट जानवर जइसे कि दीमक, नेमाटोड आ पेंग्विन पावल जालें। जहाँ कहीं बनस्पति मिलेला ऊ टुंड्रा प्रकार के होला।

ए महादीप के खोज सभसे पहिले एगो रूसी अभियान में फैबियन बेलिंग्सहॉउसेन (Fabian Gottlieb von Bellingshausen) आ मिखाइल लाजरेव (Mikhail Lazarev) नाँव के अभियानी लोग सन् 1820 में कइल।

अंटार्कटिका अंतर्राष्ट्रीय क़ानून की अन्दर कौनों एगो देस के संपत्ति ना हवे आ एकर खाली रिसर्च आ ज्ञान बिग्यान खातिर देस सभ उपयोग करे ला। अंटार्कटिका समझौता (Antarctic Treaty System) सन् 1959 में साइन भइल रहे आ ई कौनों तरह के मलेटरी गतिविधि आ परमाणु बिस्फोट या परमाणु कचरा के फेंकले के पुरा प्रतिबन्ध लगावेला। समझौता पर अबले कुल 50 गो देस दस्खत कइ चुकल बाड़ें जौना में भारत भी बाटे।

टिप्पणी

[संपादन करीं]
  1. ↑ पहिले एकर उच्चारण खाली अंटार्टिका रहे बाकी बाद में उच्चारण भी होखे लागल।[2][3]
  1. ↑ United States Central Intelligence Agency (2011). "Antarctica". The World Factbook. Government of the United States. Archived from the original on 25 December 2018. Retrieved 14 September 2017.
  2. ↑ Crystal, David (2006). The Fight for English. Oxford University Press. p. 172. ISBN 978-0-19-920764-0.
  3. ↑ Harper, Douglas. "Antarctic". Online Etymology Dictionary. Retrieved 23 जून 2015.
  4. ↑ British Antarctic Survey. "Bedmap2: improved ice bed, surface and thickness datasets for Antarctica" (PDF). The Cryosphere journal: 390. Archived from the original (PDF) on 2020-02-16. Retrieved 23 जून 2015.
  5. ↑ National Satellite, Data, and Information Service. "National Geophysical Data Center". Government of the United States. Archived from the original on 2006-06-13. Retrieved 23 जून 2015.{{cite web}}: CS1 maint: multiple names: authors list (link)
  6. ↑ Joyce, C. Alan (18 जनवरी 2007). "The World at a Glance: Surprising Facts". The World Almanac. Archived from the original on 2009-03-04. Retrieved 23 जून 2015.