Jump to content

अकबर II

विकिपीडिया से
मुगल बादशाह
बाबर 1526 — 1530
हुमायूँ 1530 — 1540
1555 — 1556
अकबर 1556 — 1605
जहाँगीर 1605 — 1627
शहरयार (डि फैक्टो) 1627 — 1628
शाहजहाँ 1628 — 1658
औरंगजेब 1658 — 1707
मुहम्मद आजम शाह (उपाधि वाला) 1707
बहादुर शाह I 1707 — 1712
जहाँदर शाह 1712 — 1713
फर्रूखसियर 1713 — 1719
रफीउद्दरजात 1719
शाहजहाँ II 1719
मुहम्मद शाह 1719 — 1748
अहमद शाह बहादुर 1748 — 1754
आलमगीर II 1754 — 1759
शाहजहाँ III (उपाधि वाला) 1759 — 1760
शाह आलम II 1760 — 1806
जहाँ शाह IV (उपाधि वाला) 1788
अकबर II 1806 — 1837
बहादुरशाह II 1837 — 1857
साम्राज्य जे ब्रिटिश राज द्वारा अधिकार में लिहल गइल

अकबर II चाहे अकबर शाह द्वितीय 1806 से 1837 तक मुगल साम्राज्य के उन्नइसवाँ बादशाह रहलन। ऊ शाह आलम द्वितीय के दुसरा बेटा आ बहादुर शाह द्वितीय के पिता रहलें। बाद में बहादुर शाह द्वितीय उनकर उत्तराधिकारी बनलन आ ईहे बहादुरशाह 'ज़फ़र' मुग़लिया राज के आखिरी बादशाह भइलन।

अकबर शाह द्वितीय नाँव भर के बादशाह रहलन आ असल राजनीतिक शक्ति बहुत सीमित रहे, काहे कि ओह समय ईस्ट इंडिया कंपनी के जरिये से भारत में ब्रिटिश प्रभाव लगातार बढ़ते जा रहल रहे। ऊ राममोहन राय के ब्रिटेन में अपना राजदूत के रूप में भेजलें आ उनकरा के "राजा" के उपाधि दिहलें। उनहीं के शासनकाल में 1835 में ईस्ट इंडिया कंपनी अपना के मुगल सम्राट के अधीन बतावल बंद कइ दिहलस। एकरे साथे-साथ कंपनी सम्राट के नाम पर सिक्का जारी करे के परंपरा खतम कइ दिहलस आ सिक्कन पर लिखल फ़ारसी लेखवो हटा दिहल गइल।