Jump to content

अंगेला मैर्केल

विकिपीडिया से
अंगेला मैर्केल
Angela Merkel
जर्मनी के चांसलर
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
22 नवंबर 2005
इनसे पहिलेजेरार्ड श्रूडर
सीडीयू के नेता
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
10 अप्रैल 2000
इनसे पहिलेवुल्फगैंग शौबल
निजी जानकारी
जनमअंगेला डोरोथी कास्नर
(1954-07-17) 17 जुलाई 1954 (उमिर 70)
हैंबर्ग, पच्छिमी जर्मनी (अब जर्मनी)
राजनीतिक पार्टीडेमोक्रेटिक अवेकनिंग (1989–1990)
क्रिश्चियन डेमोक्रेटिक यूनियन (1990–present)
जीवनसाथीउलरिच मैर्केल (1977–1982)
जोआचिम सॉ'र (1998–वर्तमान)
महतारी संस्थालाइपजिग विश्वविद्यालय
दस्खत

अंगेला मैर्केल एगो जर्मन राजनीतिक नेता आ जर्मनी के वर्तमान चांसलर बाड़ी। ई एह पद प साल 2005 से बाड़ी आ 14 मार्च 2018 के चउथी बेर ई पद फिन से सम्हरली।[1] मैर्केल, साल 2000 से, जर्मनी के क्रिश्चियन डेमोक्रेटिक यूनियन (सीडीयू) नाँव के पार्टी के नेता हई[2] आ इनका के यूरोपियन यूनियन के "डी फैक्टो" नेता के रूप में देखल जाला, दुनिया के सभसे ताकतवर औरत के दर्जा भी दिहल जाला अउरी आजाद दुनिया (फ्री वल्ड) के नेता भी मानल जाला।

मर्केल के जनम तब के पच्छिमी जर्मनी के हैम्बर्ग में भइल आ बहुत बचपने में ई पूरबी जर्मनी आ गइली जब इनके बाबूजी के, जे एगो लूथरवादी क्लर्जीमैन रहलें, पार्लेबर्ग में चारागाह हासिल भ गइल। मर्केल 1986 में क्वांटम रसायनशास्त्र में पीएचडी के डिग्री लिहली आ ओके बाद 1989 तक ले रिसर्च साइंटिस्ट के रूप में काम कइली। 1989 राजनीतिक घटनाक्रम, जेकरा के 89 के क्रांति कहल जाला, के बाद इनके आगमन राजनीति के क्षेत्र में भइल, कुछ दिन ई पूरबी जर्मनी के पहिली चुनल गइल सरकार में उप-प्रबक्ता भी रहली जब एह सरकार के अगुवा लोथर डी मैइज़ेरी रहलें। साल 1990 में जर्मनी के एकीकरण भइल आ एकरे बाद मर्केल मेक्लेनबर्ग-वूर्पोम्मर्न राज्य से बूडेस्टाग में चुनल गइली। एकरे बाद से ई हमेशा लगातार जीतत आ रहल बाड़ी। एकरे बाद ई कई पद आ मंत्रालय सभ के मंत्री रहली आ सीडीयू के जनरल-सेक्रेटरी चुनल गइली।

  1. "मैर्केल ने संभाली चौथी बार चांसलर की कुर्सी | दुनिया | DW | 14.03.2018". DW. 2018-02-27. Retrieved 2018-03-15.
  2. Government continues as acting government Archived 2017-11-15 at the Wayback Machine, bundeskanzlerin.de, October 24th 2017