काशी का अस्सी

विकिपीडिया से
काशी का अस्सी
लेखककाशीनाथ सिंह
देसभारत
भाषाहिंदी
बिसयबनारस, संस्कृति
बिधाउपन्यास

काशी का अस्सी हिंदी भाषा के एगो उपन्यास बा। एकर लेखक काशीनाथ सिंह बाने।[1] उपन्यास के कथा बनारस के मोहल्ला अस्सी आ इहाँ के लोग के बारे में बा। उपन्यास के पात्र लोग में वास्तविक आ काल्पनिक दूनों तरह के पात्र शामिल बाने आ ई संस्मरण आ गल्प के मेरवन बिधा में लिखल गइल बा।

उपन्यास में राम मंदिर आंदोलन आ बाद के समय के बरनन प्रमुख रूप से कइल गइल बा।

उपन्यास अपना भाषा खातिर चर्चा में रहल बा। एकरे आधार पर एगो फिलिम भी बनल बा, मोहल्ला अस्सी के नाँव से, जेह में सनी देओल पंडित धरमदास के मुख्य भूमिका में बाने।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Kashi Ka Assi - उपन्यास | Fiction : Novels". Rajkamalprakashan.com. 1937-01-01. Retrieved 2017-06-26.[मुर्दा कड़ी]