मलयाल मनोरमा

विकिपीडिया से
मलयाल मनोरमा
प्रकारदैनिक अखबार
फॉरमैटब्राडशीट
मालिकMalayala Manorama Company Limited
संस्थापकKandathil Varghese Mappillai
प्रकाशकजैकब मैथ्यू
मुख्य-संपादकमामन मैथ्यू
प्रबंधक संपादकफिलिप मैथ्यू
स्थापना1888
राजनीतिक झुकावबीच-दाहिने
भाषामलयालम
बंद भइल1938
दुबारा सुरु1947
मुख्यालयकोट्टायम (केरल)
सर्कुलेशन2,342,747 रोज[1] (as of जुल॰ - दिस॰ 2015)
ISSN0972-0022
वेबसाइटwww.manoramaonline.com

मलयाल मनोरमा (मलयालम: [മലയാള മനോരമ] Error: {{Lang}}: text has italic markup (help)) मलयालम भाषा के एक ठो दैनिक अखबार बाटे। ई केरल के कोट्टयम शहर से छपे ला। प्रकाशक मनोरमा कंपनी लिमिटेड हवे। ई पहिली बेर एक ठो साप्ताहिक (ह्प्तावार) अखबार के रूप में 22 मार्च 1890 के छपल, आ बर्तमान में एकर 200 लाख से ढेर पाठक बाने (21 लाख से ढेर सर्कुलेशन)।[2][3] मलयालम में मनोरमा के शाब्दिक अरथ मनोरंजन करे वाला होला।

वल्ड एसोसिएशन ऑफ न्यूजपेपर्स के अनुसार, 2011 ले के आँकड़ा के हिसाब से, ई दुनिया के पाँचवां सभसे ढेर सर्कुलेशन वाला अखबार रहल। भारत के संस्था ऑडिट ब्यूरो ऑफ सर्कुलेशन के मोताबिक ई 2013 में भारत के तीसरा सभसे ढेर बिके वाला आ केरल में सभसे ढेर बिके वाला अखबार रहल।[4]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Submission of circulation figures for the audit period July - December 2015" (PDF). Audit Bureau of Circulations. Retrieved 5 जनवरी 2016.
  2. International Federation of Audit Bureaux of Circulations and ABC India (National Newspapers Total Circulation-2010) Download Archived 2017-05-25 at the Wayback Machine
  3. Audit Bureau of Circulations (ABC) (जनवरी-June 2013)
  4. Sangeeta Tanwar. IRS 2010 (Q1) afaqs! Dailies in Kerala lose readers after gaining in the last round Archived 2015-07-10 at the Wayback Machine

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]