तीन-आयामी स्पेस (गणित)

विकिपीडिया से
तीन-आयामी कार्टेजियन निर्देशांक सिस्टम जवना में x-axis देखे वाला के ओर बाटे।
(See diagram description for correction.)

तीन आयामी स्पेस (अंग्रेजी: Three-dimensional space), गणित के मॉडल हवे जेवना में सगरी भौतिक पिंड स्थित मानल जाला। ई ब्रह्मांड के तीन पैरामीटर वाला ज्यामितीय मॉडल हवे जेवना में खाली स्पेस के लिहल जाला आ समय के छोड़ दिहल जाला।

ई तीनों पैरामीटर स्पेस में लंबाई, ऊँचाई, चौड़ाई, गहिराई, निचाई वगैरह के नाँव से पुकारल जा सके लें, बस ई शर्त होला कि तीनों एकही प्लेन में न होखें बलुक अलग-अलग प्लेन में होखें जवन एक दूसरे के 90अंश पर काटें।