धारा बदलाव

विकिपीडिया से
मिसिसिपी नदी के पंजाकर डेल्टा एवल्शन के परिणाम हवे

नदी के धारा बदलाव या एवल्शन (अंग्रेजी: Avulsion) एगो भूआकृतिक आ भूबैज्ञानिक घटना हवे जेवना में नदी तेजी से आपन पुरान बहाव के धारा छोड़ के नई धारा के रूप में बहे लागे ले। ई अक्सर तब होला जब पुरान चैनल के ढाल एतना कम होखे की नदी में मौजूद अवसाद के एकट्ठा भइला से भर जाय आ नदी के दूसर ढाल वाला रास्ता पर बहे के पड़े।[1]

नदी धारा के बदलाव के घटना बहुतायत में देखल जाले जब नदी अपने डेल्टा के हिस्सा में बहेले। डेल्टा वाला हिस्सा में नदी के ढाल बहुत कम हो जाला आ जब अवसाद जमा होला तब अक्सर नदी पुरान बहाव के मार्ग छोड़ के नया रास्ता से बहे लागे ले। एकर के डेल्टा बदलाव या डेल्टा स्विचिंग भी कहल जाला।[2]

नदी डेल्टा के एगो प्रकार पंजाकर डेल्टा एही तरे बने ला जब नदी एगो रास्ता पर बहत आ अवसाद जमा करत समुन्द्र में दूर ले पहुँच जाले आ बीच में ई रास्ता छोड़ के दूसर रास्ता पर इहे काम शुरू हो जाला तब अइसन कई बेर में हो के नदी के डेल्टा के आकार चिरई के पंजा नियर हो जाला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Slingerland, Rudy; Smith, Norman D. (1998). "Necessary conditions for a meandering-river avulsion". Geology. 26 (5): 435–438. Bibcode:1998Geo....26..435S. doi:10.1130/0091-7613(1998)026<0435:NCFAMR>2.3.CO;2.
  2. Marshak, Stephen (2001), Earth: Portrait of a Planet, New York: W.W. Norton & Company, ISBN 0-393-97423-5 pp. 528–9