भारतीय प्लेट

विकिपीडिया से
  लाल में दिखावल गइल भाग भारतिय भूमी-खण्ड ह

भारतीय भूमी-खण्ड या इन्डियन प्लेट एगो विवर्तनिक प्लेट (भूमी-खण्ड) ह जवन मूल रूप से गोंडवाना के प्राचीन महाद्वीप के एगो हिस्सा रहल जे में से इ बँट के अलग हो गइल आ एगो मुख्य हिस्सा बन गइल। लगभग पाँच से साढ़े पाँच करोड़ वर्ष पहिले इ भूमी-खण्ड अष्ट्रेलियाई भूमी-खण्ड से जुड़ल रहल। इ भाग आज मुख्य इंडो-अष्ट्रेलियाई भूमी-खण्ड के एगो हिस्सा ह जेमे दक्षिण-एशिया के बहुत सारा हिस्सा आवेला जइसे कि भारतीय उपमहाद्वीप, हिंद महासागर के तहत बेसिन के हिस्सा, दक्षिण चीन अउर पूर्वी इंडोनेशिया के कुछ हिस्सवन सहित। इ लद्दाख, कोहीस्तानबलूचिस्तान के छोर तक फैलल बा लेकिन लद्दाख, कोहिस्तान आ बलूचिस्तान के इ में ना गनल जायेला।