उदित नारायण पोस्ट ग्रेजुएट कालेज
Appearance
उदित नारायण स्नातकोत्तर महाविद्यालय | |
---|---|
मोटो | उदितो हि विश्व भूमेव पुष्यति |
स्थापना | 1962 |
महतारी संस्था | उदित नारायण क्षत्रिय स्कूल सोसाइटी |
एकेडेमिक संबद्धता | गोरखपुर विश्वविद्यालय |
लोकेशन | पड़रौना, उत्तर प्रदेश, भारत |
भाषा | हिंदी |
वेबसाइट | www |
उदित नारायण स्नातकोत्तर महाविद्यालय कुशीनगर जिला के पड़रौना शहर में शिक्षा के एगो प्रमुख केन्द्र बा।[1] ई पड़रौना शहर के पूरबी हिस्सा में, स्टेशन रोड पर स्थित बा आ एकरे ठीक बगल में एही नाँव के इंटर कालेज भी बा। कॉलेज में कला आ बिज्ञान बर्ग में बीए/बीएससी के पढाई होखे ले आ कुछ बिसय सभ में पोस्ट ग्रेजुएट के पढाई भी होला।
ई कॉलेज गोरखपुर विश्वविद्यालय से संबद्ध बा आ साल 2011 में यूजीसी के नैक मूल्यांकन में एकरा के B+ के दर्जा दिहल गइल रहे।[2]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Official Website of Higher Education Department, Government of Uttar Pradesh / List of Colleges in Kushinagar District". Uphed.gov.in. 2017-11-17. Archived from the original on 2018-04-18. Retrieved 2018-03-20.
- ↑ "UNPGC - Udit Narayan Post Graduate College - समीक्षाएं, छात्र, संपर्क". University.youth4work.com. Retrieved 2018-03-20.
ई लेख कौनों विश्वविद्यालय या शिक्षा संस्थान के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |