फॉन

विकिपीडिया से
The causes of the foehn effect in the lee of mountains. Adapted from.[1]
Dissolving Fohn clouds over Cumbre Nueva (1400 m), La Palma

फॉन (अंग्रेजी: foehn चाहे föhn, उच्चारण: फ'न[नोट 1]) एक किसिम के सूखल, गरम आ कौनों पहाड़ के श्रेणी के ली-वर्ड साइड (जेहर हवा उतरे ले) वाला ढाल से उतरे वाली लोकल हवा हवे। ई इलाका बरखा छाया-क्षेत्र होखे ला आ हवा नीचे उतरे पर एडियाबेटिक प्रासेस से गरम होखे ले, एकर अधिकतर नमी पहाड़ के दुसरे ओर चढ़ाई के समय बरस चुकल होखे ला आ दुसरे ओर उतरत समय एकर आपेक्षिक नमी अउरी कम होखत जाले। एह तरीका से अइसन हवा सभ के तापमान में अउरी बढ़ती देखल जाला अगर विंड-वर्ड साइड (जेहर से हवा पहाड़ पर चढ़े ले) पर ओही ऊँचाई पर के हवा से तुलना कइल जाय। एह तरीका से नम ठंढा हवा के परबत के पार करे के बाद दुसरे साइड में उतरे पर गरम आ सूखल (कम नमी वाली) हवा में बदल जाए के प्रासेस के फॉन इफेक्ट कहल जाला।[6]

फॉन हवा सभ के तापमान में कुछे घंटा में 14 °C (25 °F)[7] तक ले के बढ़त देखल जा सके ला। मुख्य रूप से एह हवा के बहाव के इलाका स्विट्जरलैंड, दक्खिनी जर्मनी आ ऑस्ट्रिया देसन के इलाका हवे जहाँ भूमध्य सागर से हो के आवे वाली हवा आल्प्स परबत के उत्तरी ढाल के सहारे नीचे उतरे लीं आ ई इलाका हवा के लीवर्ड साइड में पड़े ला। एही कारन एह इलाका में अपेक्षाकृत गरम जलवायु देखे के मिले ले।

एह किसिम के अउरियो लोकल हवा दुनियाँ में पावल जालीं जइसे कि उत्तर अमेरिका में रॉकी परबत से उतरे वाली चिनूक हवा, एंडीज परबत से उतर के अर्जेंटाइना में बहे वाली जोंडा हवा वगैरह।

फोटो गैलरी[संपादन करीं]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

नोट[संपादन करीं]

  1. देवनागरी में एककरा के फान चाहे फॉन लिखल जाला हालांकि, ब्रिटिश आ अमेरिकी उच्चारण में UK: /fɜːn/, US: /fn/,[2][3] US also /fʌn, fɜːrn/[4][5] होखे ला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Elvidge, Andrew D.; Renfrew, Ian A. (14 May 2015). "The Causes of Foehn Warming in the Lee of Mountains". Bulletin of the American Meteorological Society. 97 (3): 455–466. Bibcode:2016BAMS...97..455E. doi:10.1175/bams-d-14-00194.1.
  2. Jones, Daniel (2011). Roach, Peter; Setter, Jane; Esling, John (eds.). Cambridge English Pronouncing Dictionary (18वाँ ed.). Cambridge University Press. ISBN 978-0-521-15255-6.
  3. Wells, John C. (2008). Longman Pronunciation Dictionary (3वाँ ed.). Longman. ISBN 978-1-4058-8118-0.
  4. Upton, Clive; Kretzschmar, William A., Jr. (2017). The Routledge Dictionary of Pronunciation for Current English (2वाँ ed.). Routledge. ISBN 978-1-138-12566-7.
  5. "foehn". मरियम-वेबस्टर डिक्शनरी. Retrieved 2022-03-17.
  6. "Foehn effect". Met Office (अंग्रेजी में). Retrieved 30 अप्रैल 2022.
  7. "South Dakota Weather History and Trivia for January". National Weather Service Weather Forecast Office. February 8, 2006. See January 22 entry.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]