मार्वल स्टूडियोज

विकिपीडिया से
Marvel Studios, LLC
पुराना नाँव
Marvel Films (1993–1996)
प्रकार
सब्सिडरी
स्थापितदिसंबर 7, 1993; 30 साल पहिले (1993-12-07)
मुख्यालयबरबैंक, कैलिफोर्निया, अमेरिका
सेवा के एरिया
दुनियाभर
ब्रांडमार्वल सिनेमेटिक यूनिवर्स
वेबसाइटmarvel.com/movies
Footnotes / references
[1][2][3]

मार्वल स्टूडियोज़, एलएलसी (अंग्रेजी: Marvel Studios, LLC)[4] चाहे मार्वल स्टूडियोज (जेकरा के पहिले 1993 से 1996 ले मार्वल फ़िल्म्स के नाँव से जानल जाय) एगो अमेरिकी फिलिम आ टीवी प्रोडक्शन कंपनी बाटे। ई वाल्ट डिज्नी कंपनी के डिवीजन, वाल्ट डिज्नी स्टूडियो के एगो सब्सिडरी कंपनी हवे। मार्वल स्टूडियो के प्रसिद्धी मार्वल सिनेमेटिक यूनिवर्स के फिलिम सभ खातिर हवे; ई फिलिम सभ मार्वल कॉमिक्स के पात्र सभ पर आधारित हईं।[5]

2008 से अबतक ले, मार्वल स्टूडियो द्वारा कुल 27 मार्वल सिनेमेटिक यूनिवर्स के फिलिम रिलीज कइल गइल बाड़ी, आयरन मैन (2008) से ले के स्पाइडर-मैन: नो वे होम (2021) तक ले, आ 2021 के बाद से अबले पाँच गो टीवी सीरीज, वैंडाविजन (2021) से ले के हॉकआई (2021) तक ले। टीवी सीरीज वाट इफ़...? (2021) एह स्टूडियो के पहिली एनिमेटेड प्रापर्टी बा। ई सगरी फिलिम आ टीवी सीरीज सभ एक दुसरे से जुड़ल बाड़ीं आ कंटीन्यूइटी बना के कहानी आगे बढ़े ला; साथे में मार्वल वन-शॉट भी शामिल बा जे एही के प्रोडक्शन हवे। सगरी टीवी सीरीज में भी ई कंटीन्यूइटी जारी रखल गइल बाटे।

मार्वल सिनेमेटिक यूनिवर्स के अलावा, मार्वल स्टूडियो अउरी कई गो मार्वल-करेक्टर फिलिम फ्रेंचाइज सभ के साथे जुड़ल बा जे उत्तर अमेरिका के बॉक्स-ऑफिस पर $1 बिलियन से बेसी के कमाई करे वाला रहल बाड़ीं, इनहना में एक्स-मेन आ स्पाइडर-मैन संबंधित फ्रेंचाइज सामिल बाड़ीं।

मार्वल स्टूडियोज़ डिज़्नी+ पर प्रसारित होखे वाला टीवी सीरीज सभ के प्रोडक्शन से भी जुड़ल बा।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. DeMott, Rick (November 13, 2009). "Marvel Studios Promotes Louis D'Esposito to Co-President". Animation World Network. Archived from the original on October 4, 2013. Retrieved October 2, 2013.
  2. Sciretta, Peter (April 18, 2017). "A Tour of the Marvel Studios Offices". /Film. Archived from the original on August 5, 2019. Retrieved May 18, 2019.
  3. Donnelly, Matt (April 17, 2019). "Meet the Executive Avengers Who Help Kevin Feige Make Marvel Magic". Variety (अंग्रेजी में). Archived from the original on April 17, 2019. Retrieved April 17, 2019.
  4. "About Marvel: Corporate Information". Marvel. Archived from the original on मई 3, 2014. Retrieved नवंबर 14, 2013.
  5. "Marvel Cinematic Universe Movies at the Box Office : Worldwide (Unadjusted)". Box Office Mojo. July 21, 2019. Archived from the original on April 26, 2015. Retrieved April 30, 2019.