सर्च इंजन ऑप्टिमाइजेशन

विकिपीडिया से


सर्च इंजन ऑप्टिमाइजेशन (search engine optimization), चाहे संछेप में एसईओ (SEO) कौनों वेब सर्च इंजन से कौनों वेबसाइट चाहे वेबपन्ना पर आवे वाला ट्रैफिक के क्वालिटी आ मात्रा के बेहतर बनावे आ बढ़ावे के तरीका हवे।[1] एसईओ अइसन ट्रैफिक के टारगेट करे ला जे बिना कौनों किसिम के भुगतान के हासिल होखे (अइसन ट्रैफिक के तकनीकी भाषा में नैचुरल चाहे ऑर्गेनिक ट्रैफिक कहल जाला), एकर निशाना ऑनलाइन बिज्ञापन आ परचार से हासिल होखे वाला (भुगतान क के पावल जाए वाला पेड ट्रैफिक) ना होखे ला। बिना कौनों किसिम के भुगतान वाला ऑर्गेनिक ट्रैफिक कई किसिम के सर्च सभ के परिणाम हो सके ला, जइसे की आम सर्च से ले के इमेज सर्च, बीडियो सर्च एकेडेमिक सर्च नियर चीज से ई आ सके ला।[2] ई समाचार सर्च आ इंडस्ट्री-बिसेसक वर्टिकल सर्च के परिणाम हो सके ला।

इंटरनेट मार्केटिंग के स्ट्रेटेजी के रूप में एसईओ इहो धियान में रखे ला कि सर्च इंजन कइसे काम करे लें, कंप्यूटर-प्रोग्राम आधारित अल्गोरिद्म जे सर्च इंजन के बेहवार तय करे लें, लोग कवना चीज खातिर खोज क रहल बाटे, एक्चुअल सर्च के शब्दावली भा कीवर्ड का बाड़ें आ कवन सर्च इंजन ऑडियंस के हिसाब से टार्गेट करे लायक बाटे। एसईओ एही खातिर कइल जाला कि सर्चइंजन के रिजल्ट पेज (SERP) में वेबसाइट ऊपर आवे जवना से एकर रैंक ऊपर रहे आ अधिकाधिक विजिटर लोग आ सके। एह विजिटर लोगन के संभावित कस्टमर (गाहक) में बदलल जा सके ला।[3]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "SEO - search engine optimization". Webopedia. December 19, 2001.
  2. Beel, Jöran and Gipp, Bela and Wilde, Erik (2010). "Academic Search Engine Optimization (ASEO): Optimizing Scholarly Literature for Google Scholar and Co" (PDF). Journal of Scholarly Publishing. pp. 176–190. Archived from the original (PDF) on November 18, 2017. Retrieved April 18, 2010.{{cite web}}: CS1 maint: multiple names: authors list (link)
  3. Ortiz-Cordova, A. and Jansen, B. J. (2012) Classifying Web Search Queries in Order to Identify High Revenue Generating Customers. Journal of the American Society for Information Sciences and Technology. 63(7), 1426 – 1441.