11 सितंबर के हमला

विकिपीडिया से

11 सितंबर के हमला, 9/11 (नव-एगारऽ) के नाँव से जानल जाला, चार गो आत्मघाती आतंकी हमला रहे जे आतंकवादी इस्लामी चरमपंथी गुट अल काएदा के कइल रहे। मंगर, 11 सितंबर 2001 के भोररिआ, ऊनइस गो आतंकवादी – अल काएदा के मुखिआ ओसामा बिन लादेन के कहला पऽ – उत्तर-पूर्वी अमेरिका से कैलिफोर्निया जात घरी चार गो हवाई जहाजन के उड़ान के बीच मे हथिआ लेलन सन। पांच जाना के तीन गो समूह अउरी चार जाना के एगो समूह मे धइल गइल रहे, जवना मे सभ समूह मे एक जाना अइसन रहे जेकरा हवाई जहाज उड़ावे आवत रहे। एह लोग के मकसद रहे कि बिमानन के अमेरिका के प्रमुख भवनन मे लड़ा दिहल जाव जवना से बड़हन हानि होखे। अपहरन करे वला लोग पहिला दू गो हवाई जहाज के न्यूयॉर्क सिटी के वर्ल्ड ट्रेड सेंटर के उत्तरी आ दक्खिनी टावर मे आ तिसरका विमान के वर्जीनिया के आर्लिंगटन मे पेंटागन मे लड़ा दिहलस। चउथा विमान के वाशिंगटन, डीसी मे एगो संघीय सरकार के भवन से लड़ावे के बिचार रहे, बाकिर एकरे बजाय ई जतरी लोग के बिद्रोह के बाद पेंसिल्वेनिया के शैंक्सविले के बहरी एगो मैदान मे गिर गइल, जे हमला के नाकाम कऽ दिहलस।

सनर्भ[संपादन करीं]