Jump to content

टेम्पलेट:हप्ता के फोटो/हप्ता 15/2020

विकिपीडिया से
हप्ता के फोटो
सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल, येरेवन

सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल, येरेवन संसार के सभसे बड़ आर्मीनीयाई एपोस्टली चर्च हवे। ई येरेवन में बाटे आ एकर निर्माण 1997 में शुरू भइल आ 23 सितंबर 2001 के, आर्मेनिया के ईसाई देश घोषित होखे के 1,700वाँ बरसी पर, इहाँ धार्मिक कामकाज शुरू भइल।

बिल्डिंग में कुल तीन गो चर्च बाड़ें जेह में से मुख्य चर्च में 1,700 लोग बइठ सके ला आ दुनों साइड वालन में 150 सीटन के बेवस्था बाटे। दुनों साइड वाला चर्च के नाँव ओह राजपरिवार के लोगन के नाँव पर रखल गइल हवे जे लोग संत ग्रेगरी के मदद कइल आ आर्मेनिया के ईसाई देश घोषित कइल गइल।

फोटो: Marcin Konsek
पुरालेखअउरी बीछल फोटो...