विलियम वर्ड्स्वर्थ
Appearance
विलियम वर्ड्स्वर्थ | |
---|---|
जनम | William Wordsworth 7 अप्रैल 1770 कॉकरमाउथ, कंबरलैंड, इंग्लैंड |
निधन | 23 अप्रैल 1850 राइडल, कंबरलैंड, इंग्लैंड | (उमिर 80)
पेशा | कवि |
महतारी संस्था | सेंट जॉन्स कॉलेज, कैंब्रिज |
साहित्यिक आंदोलन | रोमांटिक कबिता |
प्रमुख रचना | लिरिकल बैलड्स, पोएम्स, इन टू वोल्यूम्स, दि एक्सकर्सन, दि प्रील्यूड, आइ वांडर्ड एज अ लोनली क्लाउड |
विलियम वर्ड्स्वर्थ (अंग्रेजी: William Wordsworth; 7 अप्रैल 1770 – 23 अप्रैल 1850) एक ठो अंगरेज कबी रहलें। इंग्लैंड में आ अंग्रेजी साहित्य में रोमांटिक कबिता के प्रमुख कबी लोग में इनके गिनती होला आ इनहीं के साथै मिल के सैमुअल टेलर कूलरिज, संजुक्त रूप से, लिरिकल बैलड्स (1798) छपववलें आ रोमांटिक जुग के सुरुआत भइल।
वर्ड्स्वर्थ के मास्टरपीस रचना दि प्रील्यूड मानल जाले, ई एगो आधा-आत्मकथानुमा कबिता हवे जे इनके सुरुआती जिनगी पर आधारित हवे, जेकरा के ई कई बेर सुधरलें आ बिस्तार दिहलें। ई कबिता इनके निधन के बाद छपल आ नाँव धराइल, एकरे पहिले एकरा के आमतौर प "दि पोएम ऑफ कूलरिज" के नाँव से जानल जाय।[1] साल 1843 से ले के 23 अप्रैल 1850 के प्लूरिसी से निधन होखे तक ले, कूलरिज ब्रिटेन के पोएट लॉरिएट रहलें।[2]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ e g Dorothy Wordsworth's Journal 26 December 1801
- ↑ "Poet Laureate", The British Monarchy official website.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया William Wordsworth पर मौजूद बा। |
- Works by विलियम वर्ड्स्वर्थ at Project Gutenberg
- Works by or about विलियम वर्ड्स्वर्थ at Internet Archive
- Works by विलियम वर्ड्स्वर्थ at LibriVox (public domain audiobooks)
- Biography and Works
- The Wordsworth Trust
ई लेख केहू कबी की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |