मंगल ग्रह

विकिपीडिया से

मंगल (प्रतीक: ♂) सौर मण्डल में सूर्य की ओर से चउथा ग्रह हवे जेवन सूर्य से 2280 लाख किमी (1420 लाख मील) या 1.52 AU की दूरी पर बाटे। ई पार्थिव ग्रह कहल जाला काहें से कि पृथ्वी कि तरे एहू क रचना चट्टान वाला पदार्थन से भइल बा। एके लाल ग्रह कहल जाला काहें से कि एकरी सतह पर लोहा क आक्सीकरण होला आ एही से एकर सतह लाल लउकेले।

पृथ्वी की दिन की आधार पर देखल जाय त मंगल क एक दिन पृथ्वी से थोड़िके सा बड़ होला लेकिन मंगल क एक साल करीब 687 पार्थिव दिन क होला। मने एके सूर्य क एक चक्कर लगावे में 687 पृथ्वी क दिन लागेला। एकर वातावरण बिरल होला, मंगल पृथ्वी के ब्यस के लगभग आधा होला.एकर दिन के मन अवरी अक्ष के झुकाव [पृथ्वी] के सामान होला इ आपन धुरी पर 24 घंटा में एक बार पूरा चक्कर लगावे ला मंगल के कक्षातली [25] डिग्री के कोण पर झुकल बवे जवाना कारन इ पृथ्वी के सामान ऋतु परिवर्तन होला

मंगल क दू गो प्राकृतिक उपग्रह बाड़ें जिनहन क नाँव फोबोसडिमोस रक्खल गइल बा।

बुध, शुक्र, पृथ्वीमंगल की आकार क तुलना (पैमाना कि हिसाब से सही)

संदर्भ[संपादन करीं]