बुध (ग्रह)

विकिपीडिया से
(बुध ग्रह से अनुप्रेषित)
बुध ☿
बुधमैसेंजर यान से लिहल गइल फोटो (2008)
परिकरमा कक्षा बिसेसता[2]
ऍपक J2000
अपसौर
  • 0.466 697 AU
  • 69,816,900 km
उपसौर
  • 0.307 499 AU
  • 46,001,200 km
सेमी-मेजर एक्सिस
  • 0.387 098 AU
  • 57,909,050 km
इस्सेंट्रीसिटी0.205 630[1]
115.88 d[1]
47.362 km/s[1]
औसत एनामली
174.796°
ऑर्बिटल झुकाव
उदय संपात के देशांतर
48.331°
29.124°
उपग्रहNone
वायुमंडल[3]
सतही दाब
trace (<~0.005 picobar)
आयतन अनुसार घटक

बुध (प्रतीक: ☿; अंग्रेजी: Mercury) सौर मंडल के एगो ग्रह हवे जेवन सौर मंडल के केन्द्र पर मौजूद सूर्य की ओर से सबसे पहिला ग्रह हवे, मने कि ई सूर्य से सभसे नजदीकी ग्रह हवे। ई सौर मण्डल क सभसे छोट ग्रह भी हवे। ई सूर्य के चक्कर लगावे में 88 दिन (पृथ्वी के दिन) के समय लेला आ पृथ्वी से देखला पर अपनी धुरी पर 116 दिन में एक चक्कर घूमे ला। पृथ्वी से दूरबीन से देखला पर इहो चंद्रमा नियर घटत-बढ़त लउकेला।

बुध ग्रह के आपन कौनों खास वायुमंडल नइखे जवना कारण अहिजा दिन आ रात के तापमान में बहुत ढेर अंतर पावल जाला। एकरे विसुवत रेखा वाला इलाका में रात में तापमान 100 K (−173 °C; −280 °F) ले गिर जाला आ दिन में 700 K (427 °C; 800 °F) पहुच जाला, ध्रुवीय इलाका हमेशा 180 K (−93 °C; −136 °F) से नीचे के तापमान वाला रहे लें। बुध के धुरी के झुकाव बाकी ग्रह सभ के तुलना में सभसे कम बाटे आ एकरे परिकरमा मार्ग के चपटापन सभसे ढेर बा।

चूँकि, बुध पृथ्वी से छोट मार्ग में चक्कर लगावे ला (शुक्र भी) ई हमेशा पृथ्वी से सबेरे भा साँझ के बेरा देखाई पड़े ला, ऊहो तब जब सुरुज के बहुत नजदीक कोन पर न रहे तब। सुरुज के रौशनी के कारण अक्सर ई धरती से बिना दूरबीन के ना लउके ला।

अबले दू गो अंतरिक्ष यान बुध ग्रह के यात्रा कर चुकल बाने मैरिनर आ मैसेंजर।

1,516 मील (2,440 किमी) के त्रिज्या वाला बुध पृथ्वी के चौड़ाई के[4] 1/3 से कुछ अधिका बा।औसतन 36 मिलियन मील (58 मिलियन किमी) के दूरी पर बुध सूर्य से 0.4 खगोलीय इकाई के दूरी पर बा। खगोलीय इकाई (संक्षेप में AU), पृथ्वी के सुरुज से दूरी के कहल जाला। एही दूरी से सूर्य के रोशनी बुध तक पहुंचे में तीन मिनट दू सेकंड के समय लागेला।

बुध, शुक्र, पृथ्वीमंगल की आकार क तुलना (पैमाना कि हिसाब से सही)

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 1.2 "Mercury Fact Sheet". NASA Goddard Space Flight Center. नवंबर 30, 2007. Retrieved 5 फरवरी 2016.
  2. Yeomans, Donald K. (अप्रैल 7, 2008). "HORIZONS Web-Interface for Mercury Major Body". JPL Horizons On-Line Ephemeris System. Retrieved 5 फरवरी 2016. – Select "Ephemeris Type: Orbital Elements", "Time Span: 2000-01-01 12:00 to 2000-01-02". ("Target Body: Mercury" and "Center: Sun" should be defaulted to.) Results are instantaneous osculating values at the precise J2000 epoch.
  3. "Mercury Fact Sheet". NASA. 22 दिसंबर 2015. Archived from the original on 6 November 2015. Retrieved 5 फरवरी 2016.
  4. "Mercury planet in hindi जानिए बुध ग्रह के बारे में हिंदी में". All About Space,Dharma And Crime (हिंदी में). Retrieved 2023-01-23.