शुक्र ग्रह

भोजपुरी विकिपीडिया से
अहिजा जाईं: परिभ्रमण, खोजीं
शुक्र क Mariner 10 से लिहल गइल फोटो

शुक्र (अंग्रेज़ी:Venus) एगो ग्रह (Planet) जेवन सूर्य की ओर से बुध की बाद दुसरा नंबर पर बाटे। एह तरे ई बुध आ पृथ्वी की बीच में स्थित बा। ई सूर्य का चक्कर २२४.७ पार्थिव दिन में लगावेला।[१]

एकर आकार आ द्रव्यमान पृथ्वी से बहुत मिलत-जुलत बा जेवना कारन से एके पृथ्वी क बहिन भी कहल जाला। आसमान में ई चंद्रमा की बाद सभसे ढेर चमकीला प्राकृतिक चीज हउवे। ई अक्सर सबेर चाहे साँझ क लउकेला काहें से कि ई भीतरी ग्रह (Inner Planet) हवे आ सूर्य से बहुत दूर ना लउकेला। पृथ्वी से दूरबीन से देखला पर इहो चंद्रमा नियर घटत-बढ़त लउकेला।

बुध, शुक्र, पृथ्वीमंगल की आकार क तुलना (पैमाना कि हिसाब से सही)

संदर्भ[सम्पादन]

  1. Venus: Facts & Figures, NASA