भोजपुरी भाषा
| भोजपुरी | |
| बोलल जायेला | : भारत, नेपाल, मारीसस, नेदरलैंड्स, फिजी, गुयाना, सेंट विसेंट आ ग्रेनाडिंस, बार्बाडस, त्रिनिदाद आ टोबैगो, सिंगापुर, संयुक्तराज, ब्रिटेन, रियूनियन, सूरीनाम |
| क्षेत्र | : नेपाल, बिहार, उत्तर प्रदेश, झारखंड, आसाम, दिल्ली, पश्चिम बंगाल |
| बोले वालन के संख्या | : 26.6 करोड़ |
| भाषा परिवार | 1. इंडो यूरोपियन
2. इंडो आर्यन 3. पूर्वी समूह 4. इंडो ईरानी 5. बिहारी 6. भोजपुरी |
| लिपी | : देवनागरी, कैथी |
| भाषा कोड | : ISO 639 - 1 bh
ISO 639 - 2 bho ISO 639 - 3 bho |
भोजपुरी एगो क्षेत्रीय भाषा ह बाकी ई भाषा के बोले वालन के संख्या एगो राष्ट्रीय स्तर के भाषा के बराबर बा। ई भाषा भारत के उत्तर के मध्य तथा पुरब मेँ बोलल जायेला। ई भाषा नेपाल के एगो राष्ट्र भाषा बा।[१] ई भाषा बिहार के पश्चिमी भाग, झारखण्ड के उत्तर-पश्चिम आ उत्तर प्रदेश के पूर्वांचल क्षेत्र मेँ बोलल जायेला। एतना ही ना ई भाषा नेपाल देश के तराई क्षेत्र [२] आ गुयाना देश, सुरीनाम देश, फिजी देश,युगान्दा, सिन्गापुर्,जमेका, त्रिनिदाद आ टोबैगो आ मारीसस तक में बोलल जायेला।
भोजपुरी भाषा पूर्वी हिन्दी या बंगाली सातत्य के भाषा ह जौन कभी आसाम आ बंगाल से लेके बनारस ले बोलल जात रहल। जबकी बाँकी बिहार आ यूपी के क्षेत्र के लोग धीरे धीरे ई हिन्दी आधारित भाषा के अपना लेईलस, पटना आ बनारस के बीच के क्षेत्र मेँ ई भाषा आपन पकड़ बहुत मजबुती से बना लेईलस।
भारत सरकार जब जनगणना करावत रहल, तब भोजपुरी के एगो भाषा के दर्जा देवे से मना कर दिहल आ कह देलख कि भोजपुरी हिन्दी के एगो बोली ह लेकिन अब भारत सरकार भोजपुरी के राष्ट्रिय स्तर के भाषा के दर्जा देवे खातिर तैयारी कर रहल बिया जबकि ई भाषा के नेपाल सरकार राष्ट्रिय स्तर के भाषा घोषित कर चुकल बिया।
भोजपुरी के शब्दावली संस्कृत, हिन्दी, उर्दू आ उत्तर भारत के अन्य हिन्द-आर्यन भाषा से मेल खायेला। भोजपुरी आ अन्य भाषा साथ में मैथिली के प्रसिद्ध लोकगीत गायक राजेन्द्र प्रसाद, मनोज तिवारी , भारत के प्रधान मंत्री लालबहादूर शास्त्री, चन्द्र शेखर। बिहार कोकिला पद्मा श्री शारदा सिन्हा आदी बानी लोग।
भोजपुरी के कईयौं बोली, तीन चाहे चार गो बोली अकेले पूर्वी उत्तर प्रदेश में बोलल जायेला।
विद्वान, बहु गणितज्ञ आ बहुभाषाविद् महापंडित राहुल संस्कृतयायन भोजपुरी में कुछ लिखे के काम कईले रहनी। [३] कुछ अन्य प्रख्यात लेखक जैसे विवेकी राय। कुछ अन्य लेखक बानी लोग जे भोजपुरी में लिखले बानी पर बहुत कम मात्रा में। कुछ अन्य ध्यान में रखे वाला लोग बानी प्रसिद्ध स्वतन्त्रता सेनानी स्वामी सहजानन्द सरस्वति, मगही भाषा के प्रथम राष्ट्रपति। मगही भाषा भी बिहारी भाषा मानल जायेला। ई भाषा हिंद-आर्यन भाषा के पुर्वी अंचल समूह के अंग ह जेमे बंगाली भाषा आ उड़िया भाषा के मिश्रण बा।
[सम्पादन] स्रोत
- ↑ नेपालको अन्तरिम संविधान (नेपाल के अंतरिम संविधान)
- ↑ Detailed language map of western Nepal, see disjunct enclaves of language #9 in SE
- ↑ टेम्पलेट:Cite book
what time is it