विकिपीडिया:रिवीजन हटावल

विकिपीडिया से

रिवीजन हटावल (Revision deletion) एक तरह के सुबिधा हवे जवना के इस्तेमाल से प्रबंधक लोग कौनों पन्ना के इतिहास में से कौनों रिविजन (अवतरण या बदलाव जानकारी) के आम पब्लिक के नजर से छिपा सके ला। एकरे द्वारा कौनों संपादन (एह में कइल गइल बदलाव के रिवीजन या अवतरण कहल जाला आ ई इतिहास में दर्ज रहे ला) में जोड़ल गइल पाठ, संपादन सारांश में लिखल चीज आ संपादन करे वाला प्रयोगकर्ता के नाँव छिपावल जा सके ला; या लॉग के सारांश के छिपावल जा सके ला। कुछ दसा में रिविजन के दबावे (यानी आम पब्लिक के देखाई पड़े से छिपावे) के काम ओवरसाइट करे वाला लोग द्वारा होला जेकरे खाती भोजपुरी विकिपीडिया पर लोकल ना बलुक मेटा-विकि के बैस्विक नीति लागू बा।

रिवीजन हटावे के काम खाती उचित दसा आ पैमाना नीचे बतावल गइल बा। एकर इस्तेमाल बहुत सावधानी से होखे के चाहीं आ अनुभवी प्रबंधक द्वारा होखे के चाहीं। अनुरोध करे खाती प्रबंधक लोग से ईमेल सुबिधा के इस्तेमाल से बात कइल जाय त बेहतर बा काहें कि अइसन अनुरोध लिखे में भी छिपावे लायक बात के पब्लिक के सोझा आ जाए के गुंजाइश होला। एही से अइसन अनुरोध विकिपीडिया पर सभके देखाई पड़े वाला रूप में ना करे के चाहीं, या फिर अनुरोध बहुत सावधानी से लिखे के चाहीं।

प्रबंधक लोग के चाहीं की रिवीजन हटावे के काम तबे करें जब मामिला एक दम साफ होखे आ समुदाय के असहमत होखे के गुंजाइश न होखे। एकर गलत प्रयोग प्रबंधक अधिकार के दुरुपयोग भी मानल जा सकत बा। संदेह के दसा में मेटा पर बतावल तरीका से केहू स्टीवर्ड/ओवरसाइटर से अनुरोध करीं।

कब कइल जाय?[संपादन करीं]

  1. साफ कॉपीराइट उल्लंघन के पाठ छिपावल जा सके ला, प्रयोगकर्ता के नाँव आ संपादन सारांश अइसना में छिपावे के जरूरत ना होला।
  2. बहुत मानहानिकारी आ आपत्तिजनक सामग्री जवना के ज्ञानकोश में कवनों अस्थान न होखे, हटावल जा सके ला। एह में तथ्य के रूप में लिखल चीज, या "आम" असभ्यता, निजी हमला आ आरोप-प्रत्यारोप वगैरह ना हटावल जाला। बहुत अनुचित टाइटिल वाला पन्ना हटावे के बाद, ओकर एंट्री भी हटवले के लॉग से हटावल जा सके ला।
  3. बिसुद्ध रूप से बिघटनकारी चीज जवना के विकिपीडिया प्रोजेक्ट से कौनों मतलब ना होखे या इहाँ कौनों प्रासंगिकता न होखे। एह में बहुत आपत्ति जनक आरोप, हरासमेंट, एकदम से अनुचित धमकी या हमला वगैरह आ ब्राउजर क्रैश करा देवे वाला खतरनाक HTML या CSS, फाईजिंग आ वाइरस के हमला करा सके वाला पन्ना या वेब के कड़ी, निहायत निंदा या धमकी वगैरह के वेब पन्ना के कड़ी वगैरह जे खाली भर स्पैमे ना होखे, हटावल जा सके ला।
  4. ओवरसाइट करे लायक सामग्री – कुछ दसा में ओवरसाइट करे लायक सामग्री के भी, ओवरसाइट से पहिले रिवीजन डिलीशन से छिपावल जा सके ला, जब जानकारी छिपवले के बहुत जल्दी से जरूरत होखे। हालाँकि, अइसन ना करे के चाहीं आ ओवरसाइटरे से ई काम करवावे के चाहीं।
  5. हटावे के नीति के तहत वैध हटवले के काम, रिवीजनहटावे के रूप में। कट-पेस्ट-स्थानांतरण आ इतिहास बिलय के अलावा, अगर कुछे चीज के चुन के हटावे के होखे, रिवीजन हटावे के काम के ज्यादा उचित मानल जाला। अइसन दसा में बजाय पूरा पन्ना हटा के ओकर कुछ रिवीजन वापस ले आवे (अनडिलीट करे) के बजाय हटावे लायक रिवीजन के एह रिवीजन हटावे वाला बिधी से हटावल ठीक रहे ला; अइसन दसा में कारण साफ-साफ लॉग में दर्ज करे के चाहीं।
  6. गैर-बिबादास्पद रखरखाव पहिले के रिवीजन हटावे (रिडेकशन) में भइल साफ गलती सुधारे या अइसन रिडेक्शन के बदले खाती (अगर बिबाद के गुंजाइश न होखे)।

लॉग रिडेक्शन[संपादन करीं]

लॉग रिडेक्शन (Log redaction) यानी लॉग के एंट्री छिपावल (RD#2 में बतावल सीमित दसा में स्थानांतरण आ हटावे के लॉग में कइल जाए वाला के अलावा) आम दसा में अनुचित बा आ अइसन काम अगर बहुत जरूरत होखे केहू ओवरसाइटर से करवावल जाय, प्रबंधक लोग के ना करे के चाहीं। एकर दुरुपयोग करे पर प्रबंधक के एह जिम्मेदारी से हटावल भी जा सकत बा।

  • रिवीजन जवन सभसे नया बा, ओकर पाठ एह प्रक्रिया से ना हटावल जा सके ला, पहिले ओके वापस (रिवर्ट) करे के पड़े ला; हालाँकि संपादन सारांश आ प्रयोगकर्ता नाँव हटावल जा सके ला।
  • पन्ना के पूरा हटा दिहल जाय आ बाद में वापस (अनडिलीट) कइल जाय तब रिवीजन डिलीशन के लॉग के कड़ी टूट जाला। इतिहास में खोजे पर पता चली कि कवन रिवीजन के रिविजन हटावे के प्रक्रिया से हटावल गइल रहे जेकरे बारे में लॉग में एंट्री बा।
  • अगर कौनों रिवीजन के तुरंत ना वापस कइल गइल होखे आ ओकरे बादो कई गो संपादन भइल होखे, ऊ पाठ बाद के रिवीजन सभ में भी लउके ला (जब अंतर देखल जाय), अइसन पाठ के रिवीजन हटावे के प्रक्रिया से हटावे खाती बीच के सगरी संपादन वाला रिवीजन सभ के अभी हटावे के पड़े ला।

अउरी जानकारी[संपादन करीं]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]