जिलेट माक3
जिलेट माक3 (Mach3) सेफ्टी रेजर के सीरीज हवे जेकर उत्पादन 1998 में सुरू भइल। तीन-ब्लेड वाला ई डिजाइन के मार्केटिंग एह बात खातिर कइल गइल कि एकरा से दाढ़ी बनावे में कम प्रेशर आ कम बेर रगड़े में काम चल जाई। एह डिजाइन पर अउरी कई गो मॉडल आइल आ अब औरतन खातिर वीनस नाँव के मॉडल भी बजार में मौजूद बा।
एनाउंसमेंट आ बजार में उतारल
[संपादन करीं]जिलेट कंपनी एह रेजर के एनाउंसमेंट 14 अप्रैल 1998 के कइलस,[1] आ ई लगभग $750 मिलियन के रिसर्च आ डेवेलपमेंट लागत के बाद कइल गइल एनाउंसमेंट रहे।[2]
जिलेट एकरा खातिर अगिला दू बरिस में कुल $300 मिलियन लागत के परचार (एडवरटाइजिंग) के प्लान कइले रहे।[1][3] जिलेट द्वारा एह रेजर के मार्केटिंग एह बात पर जोर दे के कइल गइल कि एह तीन ब्लेड वाला सिस्टम से कम दबाव आ कम बेर रगड़े में दाढ़ी बनावल जा सके ला, मने कि चेहरा के चमड़ी पर कम इरीटेशन होखी। उत्तर अमेरिका में ई रेजर जून 1998 में बजार में उतारल गइल।[4] यूरोप के बाजार में ई सितंबर 1998 में बिकाए शुरू भइल।[5]
लागत आ फायदा
[संपादन करीं]जिलेट के एह रेजर पर प्रोफिट के मार्जिन बहुत [6] जून 2009 में, जिलेट कंपनी के एह एक ब्लेड के बनावे में लगभग US$0.10 के लागत आवत रहल, आ कस्टमर लोग जब एकरा के स्टोर आ दुकान में खरीदें तब लोग के लगभग 48 गुना दाम देवे के पड़े।[6]
माक3 सिरीज
[संपादन करीं]माक3 सीरीज के अउरी मॉडल सभ बाड़ें जिनहन में माक3टर्बो आ माक3 पॉवर नाइट्रो बाड़ें। कंपनी के अनुसार माक3 पावर नाइट्रो के ब्लेड सभ पर हीरा-जइसन कार्बन के कोटिंग कइल जाले जवना से की एकर धार ढेर दिना ले तेज बनल रहे।[7] ई तीनों किसिम के ब्लेड सभ आपस में बदल के इस्तेमाल कइल जा सके लें, मने कि तीनों के डंडी एकही किसिम के होखे ले।
वीनस सिरीज
[संपादन करीं]जिलेट कंपनी के वीनस नाँव के सीरीज के रेजर सभ औरतन खातिर बजार में उतारल गइल बाड़ें आ ई माक3 पर आधारित हवें। वीनस नाँव वाला रेजर माक3 पर आधारित हवे, वीनस डिवाइन जवन बा ऊ माक3टर्बो पर आधारित हऽ आ वीनस वाइब्रेंस नाँव वाला रेजर माक3 पावर नाइट्रो पर आधारित हवे। वीनस मॉडल सभ के ग्रिप आ लंबाई, औरतन के सुबिधा के हिसाब से मूल माक3 सीरीज वालन से कुछ अलग किसिम के रखल गइल बाटे।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ 1.0 1.1 "Gillette unveils three-bladed razor". Associated Press. April 14, 1998.
- ↑ Aoki, Naomi (अगस्त 2003). "The war of the razors". The Boston Globe. Retrieved मई 28, 2007.
- ↑ Estrin, Robin (September 28, 1998). "Gillette to lay off 4,700 workers as part of reorganization". Associated Press.
- ↑ "Gillette Earnings Up 11 Percent". Associated Press. July 16, 1998.
- ↑ "Gillette sets Mach3 launch". CNN Money. CNN. April 14, 1998. Retrieved September 25, 2017.
- ↑ 6.0 6.1 Poulter, Sean (जून 8, 2009). "Sharp practice? The razor heads that cost just 5p to make, but sell for £2.43 each". Daily Mail. London.
- ↑ Kadiyala, Krishna Chaitanya (2006). Characterization and tribological behavior of diamond-like carbon and nitrogen-doped diamond like carbon thin films. Master's Thesis. Baton Rouge, LA, USA: LSU. p. 22.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]विकिमीडिया कॉमंस पर संबंधित मीडिया Gillette Mach3 पर मौजूद बा। |