जिलेट माक3

विकिपीडिया से
माक3 के इंडोनेशिया में बिकाए वाला मॉडल।

जिलेट माक3 (Mach3) सेफ्टी रेजर के सीरीज हवे जेकर उत्पादन 1998 में सुरू भइल। तीन-ब्लेड वाला ई डिजाइन के मार्केटिंग एह बात खातिर कइल गइल कि एकरा से दाढ़ी बनावे में कम प्रेशर आ कम बेर रगड़े में काम चल जाई। एह डिजाइन पर अउरी कई गो मॉडल आइल आ अब औरतन खातिर वीनस नाँव के मॉडल भी बजार में मौजूद बा।

एनाउंसमेंट आ बजार में उतारल[संपादन करीं]

जिलेट कंपनी एह रेजर के एनाउंसमेंट 14 अप्रैल 1998 के कइलस,[1] आ ई लगभग $750 मिलियन के रिसर्च आ डेवेलपमेंट लागत के बाद कइल गइल एनाउंसमेंट रहे।[2]

जिलेट एकरा खातिर अगिला दू बरिस में कुल $300 मिलियन लागत के परचार (एडवरटाइजिंग) के प्लान कइले रहे।[1][3] जिलेट द्वारा एह रेजर के मार्केटिंग एह बात पर जोर दे के कइल गइल कि एह तीन ब्लेड वाला सिस्टम से कम दबाव आ कम बेर रगड़े में दाढ़ी बनावल जा सके ला, मने कि चेहरा के चमड़ी पर कम इरीटेशन होखी। उत्तर अमेरिका में ई रेजर जून 1998 में बजार में उतारल गइल।[4] यूरोप के बाजार में ई सितंबर 1998 में बिकाए शुरू भइल।[5]

लागत आ फायदा[संपादन करीं]

जिलेट के एह रेजर पर प्रोफिट के मार्जिन बहुत [6] जून 2009 में, जिलेट कंपनी के एह एक ब्लेड के बनावे में लगभग US$0.10 के लागत आवत रहल, आ कस्टमर लोग जब एकरा के स्टोर आ दुकान में खरीदें तब लोग के लगभग 48 गुना दाम देवे के पड़े।[6]

माक3 सिरीज[संपादन करीं]

माक3 के डंडी (हैंडिल) खोल के पुर्जा-पुर्जा कइल।

माक3 सीरीज के अउरी मॉडल सभ बाड़ें जिनहन में माक3टर्बो आ माक3 पॉवर नाइट्रो बाड़ें। कंपनी के अनुसार माक3 पावर नाइट्रो के ब्लेड सभ पर हीरा-जइसन कार्बन के कोटिंग कइल जाले जवना से की एकर धार ढेर दिना ले तेज बनल रहे।[7] ई तीनों किसिम के ब्लेड सभ आपस में बदल के इस्तेमाल कइल जा सके लें, मने कि तीनों के डंडी एकही किसिम के होखे ले।

वीनस सिरीज[संपादन करीं]

जिलेट कंपनी के वीनस नाँव के सीरीज के रेजर सभ औरतन खातिर बजार में उतारल गइल बाड़ें आ ई माक3 पर आधारित हवें। वीनस नाँव वाला रेजर माक3 पर आधारित हवे, वीनस डिवाइन जवन बा ऊ माक3टर्बो पर आधारित हऽ आ वीनस वाइब्रेंस नाँव वाला रेजर माक3 पावर नाइट्रो पर आधारित हवे। वीनस मॉडल सभ के ग्रिप आ लंबाई, औरतन के सुबिधा के हिसाब से मूल माक3 सीरीज वालन से कुछ अलग किसिम के रखल गइल बाटे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. 1.0 1.1 "Gillette unveils three-bladed razor". Associated Press. April 14, 1998.
  2. Aoki, Naomi (अगस्त 2003). "The war of the razors". The Boston Globe. Retrieved मई 28, 2007.
  3. Estrin, Robin (September 28, 1998). "Gillette to lay off 4,700 workers as part of reorganization". Associated Press.
  4. "Gillette Earnings Up 11 Percent". Associated Press. July 16, 1998.
  5. "Gillette sets Mach3 launch". CNN Money. CNN. April 14, 1998. Retrieved September 25, 2017.
  6. 6.0 6.1 Poulter, Sean (जून 8, 2009). "Sharp practice? The razor heads that cost just 5p to make, but sell for £2.43 each". Daily Mail. London.
  7. Kadiyala, Krishna Chaitanya (2006). Characterization and tribological behavior of diamond-like carbon and nitrogen-doped diamond like carbon thin films. Master's Thesis. Baton Rouge, LA, USA: LSU. p. 22.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]